भाइ से भेट करे कारागार पुगल युवक चरेस सहित पकडईलें

वीरगंज १८ फागुन

वीरगंज कारागार मे थुनुवा से भेट करे आईल एक आदमी लागूऔषध चरेससहित पकडाईल बाडन । पकडाएवाला मे सिन्धुपाल्चोक भोटेकोशी गाँवपालिका–१ के २२ बरीस के मिङमा शेर्पा रहल बाडन ।

लागूऔषध मुद्दा मे पुर्पक्ष के खातिर थुना मे रहल आपन भाइ २० बरीस के लाक्पा शेर्पा से भेट करे गईल मिङमा पकडाईल बाडन ।

कारागार ड्युटी मे खटल पुलीस टोली कैदीबन्दी भेटघाट के खातिर आईल आदमीसब के चेकजाँच करेके समय मे मिङमा पकडाईल बाडन । मिङमा प्लाष्टिक के झोरा भितर राख के भाइ के खातिर कहके लियावल स्पोर्ट्स जुत्ता के सो भितर करिब १० ग्राम चरेस बरामद भईल पर्सा के प्रहरी नावय उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

नियन्त्रण मे लेहल गईल शेर्पा के लागूऔषध मुद्दा मे आउर अनुसन्धान हो रहल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।