बारा मे भी पत्रकार के कोरोना संक्रमण

बारा ०५ जेठ

बारा जिल्ला के एक स्थानीय रेडियो मे कार्यरत संचारकर्मी के भी कोरोना संक्रमण देखल गईल बा । करैयामाई गाँवपालिका ५ के ३८ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

पर्सा के दु पत्रकार मे कोरोना संक्रमण देखल गईला के बाद नेपाल पत्रकार महासंघ बारा शाखा के पहल मे बारा मे ४३ संचारकर्मी के स्वाब परीक्षण के खातिर पठावल गईल रहे ।

स्वाब संकलन कईल मेसे एक जने के पीसीआर पोजिटिभ आईल बा ।

संक्रमित पुरुष के प्रशासन के सहजोग मे कलैयास्थित कोरोना अस्पताल मे पठावे लागल पत्रकार महासंघ बारा के अध्यक्ष कमलकुमार उपाध्याय जानकारी देहनी ।

संक्रमित पुरुष के सम्पर्क मे आईल आदमी के खोजी सुरु कईल बा ।

एकरा सँगे बारा मे संक्रमित के संख्या चार पुगल बा । एकरा से पहिले जिल्ला प्रहरी कार्यलय बारा मे कार्यरत एक प्रहरी जवान सहित जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका के २ आ बिश्रामपुर गाँवपालिका के १ पुरुष मे कोरोना संक्रमण देखल गईल रहे । पुलीस जवान रौतहट के हउवन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।