भिारतीय बजार मे नेपाली रोपेया के मनमौजी बट्टा

मेघराज राय
जिराभवानी १८ फागुन
कोरोना भाइरस के चलते करिब एक बरीस से पर्सा लगायत मधेश के जिल्लासब मे लकडाउन से खाद्यान्न तथा दैनिक उपभोग्य सामान के असहज परिस्थिति के मौका के फायदा उठावत सिमावर्ती भारतीय बजारसब मे नेपाली रोपेया से भारतीय रोपेया सटही कईला पर मनमौजी बट्टा शुल्क लेके नेपालीलोग के ठगत आईल बाडन ।
लम्हर लकडाउन तथा बन्दाबन्दी के समय मे बैंकसब बन्द भईला पर भी सिमावर्ती भारतीय बिहार के बजारसब मे सरसामान खरिद करे पुगल सर्वसाधारण मनमौजी दररेट मे नेपाली रोपेया से भारतीय रोपेया सटही कईला पर मनमौजी शुल्क लेरहल एक स्थानीय बतवले बाडन ।
कुछ दिन अगाडि बियहा के खातिर खाद्यान्न सामान किने खातिर पर्सा के लगे के भारतीय बजार भङ्गहा बजार मे पटेर्वासुगौली गापा २ के स्थानीय राजेश मन्डल पुगल रहलन । राहुल कहेवाला दोकान से भेट कईला पर १०० नेपाली के ५५ रोपेया मात्र भारु देहला से खुद ठगाईल महसुस कईले रहलन । एकरा सँगे आजकल १ हजार नेपाली रोपेया के भारु ६००÷ ६१० त कभो ६१५ भारु देरहल व्यपारीलोग के कहनाम रहल बा । भारतिय सिमावर्ती मैनाटड, सिक्टा, इनार्वा, भङ्गहा, जमुनिया, भिखनाठोरी के जगहा से हरेक दिन उपभोग्य वस्तु लियावेके समय मे उहाँ के व्यपारीलोग सर्वसाधारण नेपालीलोग के ठगत आ रहल बाडन ।
एहितरे लत्ताकपडा खाद्यान्न मे भी दररेट सस्ता भईला पर भी समस्या पहिले के हि देखल गईल बा उहे चलते जीवन एकदमे अस्तव्यस्त भईला के साथे दैनिक जीवन उकासेमे आ दैनिकी काटेमे समस्या हो रहल स्थानियलोग बतवले बाडन ।






