ठेक्कदार आ वार्ड अध्यक्ष के लापरवाही से सय घरपरिवार सास्ती भोग रहल

प्रभु यादव

बारा १८ फागुन

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. १६ मझौलिया मे ठेक्कदार आ वार्ड अध्यक्ष के लापरवाही से सय घर परिवार सास्ती भोग रहल बाडन ।

कलैया जैतापुर जाएवाला रास्ता मे मझौलीया गाँव मे ढलान करेला ठेक्का लेहल विकोई किशोर देवी कन्ट्रक्सन नाला बनावे खातिर घर तोड के माटी हटा के खदई खनले बा जवना से घर मे जाए आवे मे सास्ती होरहल पिडित भगवान यादव सिकायत कईले बानी । वार्ड अध्यक्ष शेषनाथ साह के कहला से घर के भितर के माटी काट के खदई बनावे देहल गईल ता कि रास्ता बनजाई खुसी साथ लागल गईल रहे माकिर काम ना कईला से सास्ती भोगे के पडल यादव बतावले बानी ।

अभि के समय मे आधि बेयार आ बरसात होखे के मौसम देखल समय चिन्ता बढ के माथा मे चकर आवेलागत बा कि घर गिर ना जाए यादव दुःख सुनावले बानी । ठेक्कदार घर के नजिक के माटी हटावे के समय काटल माटी दुसरा जगह लेजाके बेच लेहले बा आ खदही खन के आपना सब के सास्ती भोगे के परहल ईनरदेव यादव बतावले बानी । नाला बनावेला निकालल गईल माटी घर से दुर लेजा के ना बेचल गईल रही त ओकरा के भसका के खदई भर के आपन चिन्ता के सान्त करती यादव जनकारी करावले बानी ।

विकास कईल निमन काम बा माकिर ओकर नाम मे जनता के शान्ति के जगह चिन्ता पहुचावे के कईल गईल काम ठेक्कदार आ वार्ड अध्यक्ष के लापरवाही के कारण बनल टोल सुधार समिति के अध्यक्ष अनिल कुशवाहा सिकायत कईले बानी । नाला बनावे मे लागल खर्चा काम लायक ना होई काहे कि रास्ता आ जनता के दुआर से बहुते निच बनावला से काम से सन्तुष्ट ना भईल कुशवाहा जनकारी करावले बानी । ठेक्कदार काम छोड के भाग रहल समय मे गाँव के जनता सब के सहजोग मे काम करे लियावल गाडी सब रोकल गईल कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।

जेष्ठ नागरिक आलम मिया आपन घर के अगाडि ठेक्कदार आ वार्ड अध्यक्ष मिल के नाला बनावेला खदही खन देहले बा माकिर बनावे के काम बन्द कर देहला से आपन सब के चिन्ता से रात के निन्द ना आरहल आपन दुःख सुनावले बानी । हिरामन मिया नाला वनावे खातिर माटी काट के रास्ता पर फेक देहला से दिन मे धुरा उडला से जनता के आँख मे परला से समस्या होरहल जनकारी करावले बानी । समय से काम कर के काम पूरा करदेईत तब धुरा आ घर के भसके के सास्ती से अराम मिलित मिया बतावले बानी ।

नाला के खातिर खनल खदही मे गिर के आपन बायाँ हात टुट गईल बा १२ बरीस के साहिल आलम जनकारी करावले बानी । आपने गिर के हात टुटल के प्लास्टर गाँव के लोग करवा देहले बा माकिर वार्ड अध्यक्ष आ ठेक्कदार ना कवनो बात सुनले बाडन कहके आलम दुःख बतावले बाडन । नाला मे काम करेवाला स्थानिय सैनोदिन अंसारी नाला बनावे मे ढलान करेला सोलिङ्ग छोट छोट पथर से कईले बा जवन निमन काम ना भईल बतावले बानी । नाला मे लगावेवाला जाली विना उठावले ढलान कर देहला से पूरा पकड ना भईल जवन गुणस्तर हिन रहल अंसारी सिकायत कईले बानी । ढलान भईल जगह मे दुसरका दिन पानी पटावे के काम ना भईला से काम कमसल भईल अंसारी बतावले बानी ।

सडक डिभिजन कार्यालय हेटौंडा के सब ईन्जिनियर सतेन्द्र यादव से जनकारी लेहला पर नाला के काम जल्दी से पूरा करे के ठेक्कदार से तगता कईल जारहल जनकारी करावले बानी । सडक के ढलान करे के मात्र स्टिमेट रहल बा आ ठेक्का भईल रहल माकिर गाँव वाला जनता आ वार्ड अध्यक्ष शेषनाथ साह के निहोरा आ हठ कईला पर ओही बजेट मे नाला सहित के ढलान करे के काम पाँच महिना वाद सुरू कईल गईल सब ईन्जिनियर यादव जनकारी करावले बानी । काम के ढिलाई के सम्बन्ध मे जनकारी कईला पर विशेष जनकारी वार्ड अध्यक्ष से जनकारी देहनी । ठेक्का के माघ महिना के १५ गते म्याद समाप्त होगईल बा थप म्याद मे काम होरहल यादव जनकारी करावले बानी ।

१२ सय मिटर ढलान करे के ठेक्का भईल जवना के नाला सहित के रास्त बनावेला ७ सय ९४ मिटर बनावे के काम सुरू कईल गईल यादव जनकारी करावले बानी । करिब तीन करोड के लागत मे रास्ता बनावे के ठेक्का लागल बा । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १६ के वार्ड अध्यक्ष शेषनाथ साह से जनकारी लेहला पर गाँव के जनता सब के निहोरा पर नाला सहित के रास्ता ढलान बननवे के अडान लेहला पर पाँच महिना लेट सुरू भईल काम ठेक्कदार के सडक डिभिजन कार्यालय मे पेश कईल विल के रोपेया ना मिलला से लेट कईल जनकारी देहनी । ठेक्कदार के बार बार तगदा कईला पर काम मे कईल ढिला के वितल एतवार के दिन जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिपकराज नेपाल आ सडक डिभिजन कार्यालय के डिई के रोहवर मे जल्दी ही काम करे के समझौता भईल बा अध्यक्ष साह जनकारी करावले बानी ।

काम ठेक्कदार सुरू करचुकल बा अध्यक्ष साह जनकारी करावले बानी । आपना से करे वाला पहल करहल बानी साह जनकारी देहनी । बिकोई किशोर देवी कन्ट्रक्सन कलैया १४ के सञ्चालक चन्दन जयसवाल आपने नाला बनावेला गाँव के जनता आ वार्ड अध्यक्ष के सहमती मे खदही खनले बानी कहके जनकारी करवनी । आपन भईल ठेक्का के समय मे कोरोना के महामारी बढल रहल आ नाला के इस्टीमेट ना भईल ठाँव मे बनावेला पाँच महिना लेट भईला से काम मे कठिनाई भईल जयसवाल जनकारी करावले बानी ।

पहिले से समान सब के मोल बढ गईल बा आ आपन काम कईल विल के भुक्तानी सडक डिभिजन कार्यालय से ना भईला से काम करे मे कठिनाई भईल जनकारी करावले बानी । नाला वनावेला खनल माटी ट्रेक्टर के भाडा उठावेला बेचल गईल ठेक्कदार जयसवाल स्विकारले बानी । खदही मे गिर के हाथ टुटल जनकारी ना भईल ठेक्कदार जयसवाल जनकारी करावले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।