अनुमतिपत्र विना चलत बा ट्याम्पु आ ई–रिक्सा

वीरगंज १९ फागुन

पर्सा के गाँव तथा शहर मे सवारी साधन के चाप बहुते होखे लागल बा । इहाँ चलेवाला सवारी साधन मेसे सब से बेसी इरिक्सा आ अटो रिक्सासब बा । वीरगंज बजार क्षेत्र मे अव्यवस्थित सवारी साधन के चलते मानवीय जोखिम भी बढत गईल बा ।

जिल्ला के प्रमुख बजार वीरगंज, पोखरिया लगायत शहरसब मे चलेवाला इरिक्सा आ अटोरिक्सा के चालक सँगे सवारी साधन अनुमतिपत्र ना रहेला । बजार आवेवाला सर्वसाधारण के खातिर पहिलका रोजाइ बनल अईसन सवारी साधन के चालक लगे सवारी चालक अनुमतिपत्र ना भईला के चलते जोखिम बढत गईल बा ।

जहाँ कहल जाला उहाँ पुगावेके, खोजल समय मिलेके आ ठेलमठेल यात्रा करे ना पडला से इरिक्सा आ अटोरिक्सा सर्वसाधारण के पहिलका रोजाइ मे पडला पर भी सहजे सवारी चालक अनुमतिपत्र लेवे ना सकेवाला भईला से चालकलोग जोखिम सहके अईसन सवारी साधन चलावे मे बाध्य भईल देखल गईल बा ।

ट्याम्पु आ इरिक्सा के एगो दर्जा मे राख के यातायात व्यवस्था कार्यालय (सवारी चालक अनुमतिपत्र) वीरगंज बेर बेर फारम खुलाके सी–क्याटगोरी के चालक अनुमतिपत्र वितरण करेके कहल उ कार्यालय के अधिकृत रामअयोध्या राम बतवले बानी ।

पर्सा मे चलेवाला अधिकांश इरिक्सा आ ट्याम्पु चालक सँगे सवारी चालक अनुमतिपत्र नइखे । वीरगंज पोखरीया रोड मे चलेवाला ट्याम्पु चालक दिल प्रसाद खुद सँगे सवारी चालक अनुमतिपत्र ना भईल बतवनी । उ रुट मे करीब २०० ट्याम्पु चालक मेसे मुस्किल से १०–१५ जने सँगे मात्र सवारी चालक अनुमतिपत्र भईल दोसर ट्याम्पु चालक शङ्कर गोसाईं के कहनाम बा ।

सवारी चालक अनुमतिपत्र के खातिर बेर बेर दउडला पर भी सहजे मिलेमे मुस्किल रहल आ कार्यालय आरीपाछि रहल दलाललोग रु २५ हजार तक मागला के चलते खुद विना अनुमतिपत्र ट्याम्पु चलावत आईल अधिकांश चालकलोग के सिकाईत बा ।

चालकलोग कहेलन, “विना अनुमतिपत्र से ट्याम्पु आ इरिक्सा चलईला पर रास्ता मे ट्राफिक प्रहरी जरिवाना काटेला आ उ जरिवाना तिरेमे हमनी के बाध्यता रहल बा । सवारी चालक अनुमतिपत्र विना इरिक्सा आ ट्याम्पु चलावे के समस्या पर्सा जिल्ला बाहर आउर जिल्ला मे भी रहल बा । बहुते लोग चालक अनुमतिपत्र बना चुकल बाडन आ जउना से सवारी चालक अनुमतिपत्र विना चला रहल मिलला पर ओईसन के कारवाही भी कईल जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी निरीक्षक सुमन कार्की के कहनाम बा ।

पर्सा, बारा आ रौतहट करके यातायात व्यवस्था कार्यालय (सवारी) वीरगंज शाखा मे अभी तक ३५ हजार ९४७ गो दर्ता भईल बा आ २०४४ साल से अभी तक १४२ इरिक्सा आ एक हजार ८८४ गो ट्याम्पु चालक मात्र सवारी चालक अनुमतिपत्र लेहल उ कार्यालय जनवले बा ।

इरिक्सा मे कउनो भी प्रदेश मे कर ना लागेला माकिर प्रदेश नं २ मे प्रति इरिक्सा रु पाँच हजार कर लेरहला से कैयन ईरिक्सा दर्ता विना हि सञ्चालन मे रहल बा । इरिक्सा आ ट्याम्पु के अव्यवस्थित पार्किङ से वीरगंज के प्रमुख व्यापारिक बजार अस्तव्यस्त बनल बा आ चालक के लापरवाही के चलते दुर्घटना भी बढल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।