वीरगंज मे स्वास्थ्यकर्मी भी संक्रमित
वीरगंज ०१ जेठ,
पर्सा के वीरगंज मे स्वास्थ्यकर्मी मे भी कोरोना संक्रमण मिलल बा ।
बुध के सँझिया वीरगंज मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल आउर ३ संक्रमित मेसे एक जने स्वास्थ्यकर्मी भी रहल पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललीतकुमार बस्नेत पुष्टि कईले बानी ।
उनका मुताविक बुध के दिने सँझिया संक्रमण के पुष्टि भईल वीरगंज के ३ जने मेसे एक जने नारायणी अस्पताल मे कार्यरत ३६ बरीस के स्टाफ नर्स हई ।
अस्पताल के पेडयाक्ट्रिक विभाग मे कार्यरत उ नारायणी अस्पताल के आइशोलेशन वार्ड मे ईलाज करा रहल कोरोना संक्रमितलोग के ईलाज मे बैशाख १४ गते से एक हप्ता खटल रहनी ।
ओकरा बाद उ होम क्वारेन्टाइन मे रहल रहनी ।
सहायक प्रजिअ बस्नेत के मुताविक बुध के दिने सँझिया उ स्टाफ नर्स संगे वीरगंज मुर्ली के १५ बरीस के एक किशोर आ वीरगंज १६ इनर्वा के ७४ बरीस के बुढ पुरुष मे संक्रमण मिलल बा ।
एकरा सँगे पर्सा जिल्ला मे संक्रमित के संख्या ८५ पुगल बा ।
बुध के दिने सँझिया संक्रमण पुष्टि भईला के बाद तीनु जने के स्वास्थ्य अवस्था सामान्य रहल नारायणी अस्पताल के चिकित्सक डाक्टर उदय नारायण सिंह जानकारी देहनी ।






