भेडहा खोला मे खहरे रोकथाम के काम म्याद से पहिले पुरा

वीरगंज २१ फागुन
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं ३१ स्थित भेडहा खोला मे राष्ट्रपति चुरे तराई मधेश संरक्षण विकास समिति कार्जक्रम कार्यान्वयन इकाई भरतपुर चितवन के सहजोग मे खहरे रोकथाम के काम समय से पहिले पुरा भईल बा ।
उ काम के खातिर आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ मे रु २०४१२१८.१७ के बजेट छुट्यईला के बाद मिती २०७८÷०३÷२० गते तक काम पुरा होखेवाला किसिम से समझौता करके श्री भेडहा खोला नदि नियन्त्रण उपभोक्ता समिति के ठेका देहल गईल रहे ।
उपभोक्ता समिति के काम तेजी के साथ कईला से सम्झौता समय से पहिले काम पुरा भईल श्री भेडहा खोला नदि नियन्त्रण उपभोक्ता समिति के अध्यक्ष मोहमद हैदर बतवनी ।
उपभोक्ता समिति के अध्यक्ष मोहमद हैदर के मुताविक भेडहा खोला मे खहरे रोकथाम के काम कार्यालय के लागत रु २०४१२१८.१७ आ उपभोक्ता समूह (जन श्रमदान) के लागत रू २८२२३३.९२ करके कुल रू २३२३४५२.०९ के लागत मे काम पुरा भईल बतवनी । साथे ई खहरे रोकथाम कार्जक्रम से जङ्गल, गाँव, पुल, खेती योग्य जमीन के संरक्षण भईल मोहमद जानकारी करवनी ।
ई खहरे रोकथाम काम मे सहजोग कईल कार्यालय प्रमूख राम हरि पन्त आ साइड इन्जिनियर अनिल कुमार सिन्हा के उपभोक्ता समिति आ वार्डवासी के ओरी से धन्यवाद देहले बाडन ।





