बारागढी मे २ जनानी सहित ४० जने कईलें खुनदान

बारा २१ फागुन
बारा के बारागढी गाँवपालिका मे आजु खुल्ला खुनदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
बारागढी गाँव कार्यपालिका के कार्यालय मे भईल कार्जक्रम मे २ जनानी सहित ४० जने खुनदान कईल रक्तसञ्चार केन्द्र वीरगंज के प्रमुख सौरभ राज पाण्डे जानकारी देहनी ।
बारागढी गाँवपालिका के सहजोग तथा नेपाल रेडक्रस सोसाइटी बारागढी उपशाखा आ बारागढी युवा क्लब खोपवा के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल रेडक्रस सोसाइटी बारागढी उपशाखा के सभापति माधव प्रसाद उपाध्याय गौतम, डा.आमोदमणि दिक्षित, सुशिलराज गौतम, बारागढी युवा क्लब खोपवा के अध्यक्ष उपेन्द्र चौधरी, मुकेश चौधरी, बारागढी गाँवपालिका अध्यक्ष देवदत्त बछार थारु, उपाध्यक्ष लक्ष्मीदेवी राय, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत आमोद चौधरी, वार्ड अध्यक्ष मनेजर चौधरी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
एहितरे पर्सा के पोखरिया मे भी खुनदान कार्जक्रम पुरा भईल बा । नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पोखरिया उप शाखा मे भईल कार्जक्रम मे ८३ जने खुनदान कईल रक्त संचार केन्द्र वीरगंज के प्राविधिक धिरेन्द्र झा बतवनी ।
रेडक्रस सोसाइटी पोखरिया उप शाखा के सभापति भगवान प्रसाद कुर्मी के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे बृजेश साह, प्रभेन्द्र प्रसाद थारु, प्रभात पटेल, हरिकिशोर प्रसाद चौहान, अजय कुमार यादव, अजय महतो नुनिया, अनिल गिरी, जनार्धन गिरी, रामाकान्त महतो, रमेन्द्र ठाकुर, आदित्य कुमार गुप्ता, अनिल यादव, दुर्गा बहादुर कार्की, सुमन प्रसाद ब्राहमण, अमित चौहान लगायत के लोग खुनदान कईले रहलन ।
पोखरिया नगरपालिका, पोखरिया अस्पताल, नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पोखरिया उप शाखा, इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया, सशस्त्र प्रहरी बल पोखरिया आ नेपाल बिधुत प्राधिकरण वितरण केन्द्र के संयुक्त आयोजना मे खुनदान कार्जक्रम भईल रहे ।





