किसान सब के तालिम सम्पन्न

प्रभु यादव

बारा १४ बैशाख

बारा के पचरौता नगरपालिका वार्ड नम्वर ८ बाजोपट्टी मे कृषि तालिम सम्पन्न भईल बा ।

किसान सब के वरीस भर मे कवन कवन बाली कवन समय मे लगावल जाई आ कम लागत मे अधिका आम्दानी करे के खातिर कईसे कईल जाए के विशेष जोड देह के तालिम मे जनकारी करावल गईल आयोजक संस्था जोड देहले रहल । ग्रामिण जनजागरण समाज नेपाल पचरौता नपा ९ के आयोजना मे आ पचरौता नगरपालिका के सहजोग मे संचालन कईले रहे ।

तालिम मे सहभागी किसान सब के जैविक खाद कईसे बननवल जाई रसायनिक विषादी सब के कईसा कमी आई, किरा के प्रकोप कईसे कम कईल जा सकता तालिम मे सहभागी के सिखावल गईल समिति के उपाअध्यक्ष सुरेन्द्र प्रसाद यादव जनकारी करावले बानी ।

बईसाख १३ गते आ १४ गते कर के एक सय ७० जने किसान लोग के सिखावल गईल यादव जनकारी करावले बानी । तालिम के सहजिकरण कृषि प्राविधिक प्रभु प्रसाद यादव आ रामचन्द्र पंडित कईले रहनी ।

वार्ड नम्वर ८ के वार्ड अध्यक्ष सर्वनारायण यादव के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत श्यामबाबु यालव, आयोजक संस्था के कोषाध्यक्ष ओसिलाल मुखिया, समाज सेवी मेघु चौधरी, प्रदिप यादव आ दिपा यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।