आपन काम कानुन मुताविक करेके ह : प्रजिअ पौडेल

प्रभु यादव
बारा २१ फागुन
बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी सुरेन्द्र पौडेल आपन काम कानुन अनुसार करे के ह कहके जनकारी करावले बानी । बाराके सञ्चारकर्मी लोग से भेटघाट परियच कार्जक्रम मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी पौडेल काम के अशवासन देवेके ना अपने कानुन अनुसार करे के कहनी ।
प्रजिअ पौडेल कानुन से देहल गइल अधिकार के भितर रह के काम कर के जिल्ला मे देखल गईल समस्या सब के समाधान करे के जनकारी करावले बानी । भेटघाट कार्जक्रम मे जिल्ला के नदि सब मे अनावश्यकरूप मे बालु गिट्टी उठा के जोखिम खडा कईल, क्रसर माफिया, शिक्षा, स्वास्थ्य, तस्करी नियन्त्रण, वन माफिया, भ्रष्टाचार, सुशासन लगायत के संचारकर्मी से राखल समस्या सब के प्रजिअ पौडेल आपना से कईल काम से पक्का सन्तुष्ट बनेम कहके विश्वास करावले रहनी ।
भेटघाट कार्जक्रम मे प्रकाश लम्साल, सिकेन्द्र पासवान, जयनारायण यादव, मुकेश यादव, राकेश पाण्डे, वसन्त खतिवाडा, नरेश गुप्ता, रमेश साह, सावित्री शर्मा, रेशम तिवारी, गुरु गौतम, रामबाबु मेहता लगायत के पत्रकार लोग जिल्ला के समस्या आ प्रशासन कार्यालय के कर्मचारी लोग से जनता के समस्या बुझे के समाधान करेला सुझाव देहले रहनी ।






