कार्यालय प्रमुख एक महिना से सम्पर्क विहिन, सेवाग्राही पिडित
कार्यालय प्रमुख एक महिना से सम्पर्क विहिन, सेवाग्राही पिडित

प्रभु यादव
बारा ०१ चईत
शिक्षा विकास तथा समन्वय इकाई बारा के प्रमुख महिना दिन से कार्यालय मे ना अईला से सेवाग्रही सब मार मे पडल बाडन ।
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड ३ भवानीपुर मे रहल कार्यालय मे फागुन के दुसरका हप्ता से कार्यालय प्रमुख ना आरहल सेवाग्रही सब के सिकायत रहल बा । निमित्त इकाइ प्रमुख श्यामकिशोर प्रसाद फागुन के दुसरका हप्ता से अनुपस्थित रहल से कार्यालय मे आईल सेवाग्राही सब काम विना भईले फिर्ता जाए मे मजुबुर होरहल बाडन ।
इकाइ मे जिल्लान्तर शिक्षक सरुवा, पेन्सन पट्टा, बढुवा, एस ई ई मार्कसिट सचियावे के, एसईई सेन्टर निर्धारण लगायत के काम ना भईला से प्रभावित भईल कार्यालय मे आईल सेवाग्राही सभे जनकारी करावले बाडन ।
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. ७ के सुनिल प्रसाद यादव आपन जिल्लान्त्तर सरुवा के खातिर कार्यालय मे १५ दिन से दौडधुप कररहल जनकारी करावले बानी । कार्यालय प्रमुख के फुन कइला पर नाउठेला अउरी कार्यालय समय मे फुन बन्द रहेला यादव सिकायत कईले बानी । बारा के देवताल गाँवपालिका ४ पिप्राढी के राजेश सिंह आपन जिल्लान्त्तर सरुवा के प्रक्रिया बुझेला गईला पर कार्यालय प्रमुख के गेट मे ताला लगावल रहल जवना के कारण फिर्ता होखे के पडल बतावले बानी ।
जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड २१ के उषा तामाङ आपन लईका प्रीन्स तामाङ के एसईई मार्कसिट मे जन्म मिती सचियावेला २० दिन से चार बेर दौड के आरहल बतावले बानी ।
कार्यालय पुगल चार बेरही कोठ मे ताला लगावल बाहेक कुछो ना मिलल बतावत तामाङ आवे जाए मे लागल खर्च अउरी लागल समय बर्बाद भईल सिकायत कईले बानी । कार्यालय मे रहल कर्मचारी सभे कवनो सेवाग्रही से कार्यालय प्रमुख के सम्बन्ध मे जनकारी ना भईल बतावले बानी ।






