रौतहट क्रिकेट संघ के आयोजना मे टी–२० क्रिकेट खेल सुरु

  1. मेवालाल यादव

रौतहत २२ फागुन

रौतहट क्रिकेट संघ के आयोजना मे मनोहर सिंह के सम्झना मे मेमोरियल कप २०७७ सेरिज रौतहट टिम भर्सेज भारत बिहार के पटना टिम बीच टी–२० क्रीकेट खेल आजु से सुरु भईल बा ।

उ खेल नेकपा प्रदेश नं. २ समिति के सदस्य एवं गौर नगरपालिका के प्रत्यासी शम्भु साह के प्रमुख आतिथ्यता मे सुरु भईल रौतहट टिम टच जित के खेलला पर १८० रन बनाके १८१ भारत बिहार राज्य के टिम के टार्गेट देहले रहे ।

ई खेल आजु से तीन दिन (शनिचर, एतवार आ सोमार) तक होखेके जनावल गईल बा ।

भारत बिहार राज्य से पटना टिम के खेलाडीलोग रहेके, खाना, नास्ता आ यातायात खर्च भी दातालोग देवेके जनावल गईल बा । भारत बिहार राज्य के आईल पटना टिम के खेलाडीलोग के सबेरे के नास्ता तीन दिन तक खियावे वाला दाता गौर नगरपालिका वार्ड नम्बर १ के अध्यक्ष भरत साह, दिन के खाना निरज+रितेश जयसवाल, रात के खाना शिव मसकरा+शत्रुधन साह से तिरेके रौतहट क्रिकेट संघ के कोषाध्यक्ष बिक्रान्त बिक्रम नेपाल बतवनी ।

खेलाडी के रहेके आ यातायात खर्च तिरेवाला कुछ दातालोग होई त संघ के सम्पर्क नम्बर ९८५५०४०७१८ करे सकेके उ बतवनी ।

रौतहट क्रिकेट संघ गौर परिवार रौतहट के खेलाडी सँगे भईल गुणस्तरीयता के निखार लियावे के कउनो भी कसर संघ से ना राखेके उ बतवनी । हरेक साल संघ खुद लग कउनो कोष ना भईला पर भी दातालोग के खोज के फण्ड लियाके क्रिकेट खेलावत आईल उ बतवनी ।

खेलाडीलोग के खातिर उत्थान एवं प्रवद्र्धन करेके उदेश्य से रौतहट के कउनो पालिका क्रिकेट मे लगानी नइखे कईले कहके बतावत हरेक बरीस १८ पालिका मेयर कप कहके क्रिकेट आयोजना करके लाखो बजेट लगईला पर भी सोंचल मुताविक उपलब्धि मिलल नइखे कहके सिकाईत कइनी ।

भारत ओरी से पटना टिम के रौतहट टिम पराजित कईले बा । पटना १२० रन बनाके सात विकेट गुमावत २० ओभर खेल के हारल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।