एके परिवार के दु गो सन्तान अपाङ्ग, विपन्न के खाद्यान्न सहजोग

मेवालाल यादव
रौतहत २२ फागुन
विवेकशील साझा पार्टी के सचिवालय सदस्य अनिमेश कुमार मिश्र रौतहट के फतुवा विजयपुर नगरपालिका वार्ड नं. ६ पेटभार्वा टोल के दलित समुदाय से जुडल बहुते कमजोर आ असहाय परिणाम महरा चमार सडकपेट्टी के किनार मे सुकुम्बासी के रूप मे टहरा बनाके बसोबास करत अईला से खाद्यान्न सहजोग कईले बानी ।
परिणा के १२ बरीस के बेटा दुखा चमार आ ९ बरीस के बेटी सियापती चमार पूर्ण रुप मे अपाङ्ग बाडन आ आर्थिक अवस्था भी कमजोर बा । उनकर अईसन दुःखदायी समस्या के बारे मे रौतहट जिल्ला के युवा समाजसेवी पत्रकार अभिमनु कुमार पटेल आपन समाजिक संजाल मार्फत असहाय परिवार के समस्या के बारे मे पोष्ट कईला के साथे सहजोग के खातिर निहोरा कईले रहनी ।
२४ घण्टा ना बितते विपन्न परिणा के परिवार के आर्थिक अवस्था के बारे मे सामाजिक सञ्जाल मे देखल गईला के बाद सचिवालय सदस्य मिश्र सहजोग के घोषणा कईले रहनी ।
गौर नगरपालिका वार्ड नं. १ निवासी मिश्र तत्काल के खातिर एक क्विन्टल चाउर, २० किलो आलु, २ किलो दाल, ३ किलो नुन आ एक लिटर खाने तेल सहजोग कईले बाडन । मिश्र हरेक ६÷६ महिना मे खाद्यान्न सहजोग के निरन्तरता देवेके घोषणा भी कईले बाडन ।
युवा समाजसेवी पत्रकार पटेल मिश्र से मिलल सहजोग आजु चमार के परिवार के सहजोग हस्तान्तरण कईले बानी । उ आउर सहजोग के खातिर आउर के भी निहोरा कइनी । उ कहनी, “आर्थिक अवस्था कमजोर भईला से असहाय परिवार के व्हिल चियर, खाद्यान्न आ कपडा के खातिर दातृ निकाय से बिनम्रतापूर्वक निहोरा भी कईले बाडन ।”






