पर्सा के परवानीपुर मे आगलागी

वीरगंज २४ चईत,
पर्सा जिल्ला के वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ३२ परवानीपुर मे एक घर मे आगलागी भईला पर ३ लाख बराबर के नोक्सानी भईल बा ।
स्थानीय हुकुम अन्सारी के एक तले पक्की घर मे आगलागी भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के डिएसपी गौतम थापा जानकारी देहनी ।
आगलागी से फ्रिज, स्टिल, दराज, पलङ लगायत के सामान जरके नोक्सान भईल बा । विद्युत सर्ट होके आगलागी भईल अनुमान पुलीस कईले बा ।
बितल रात १ बजे के समय मे भईल आगलागी स्थानीय बासिन्दा, पुलीस लगायत मिल के बुतवले रहलन । नोक्सानी के विवरण संकलन कईला के साथे घटना के बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।






