सखुवा प्रसौनी मे श्रीमद् भागवत धन–धान्याञ्चल सप्ताह ज्ञान महायज्ञ सुरु

वीरगंज २२ फागुन

पर्सा जिल्ला के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं. १ औराहा (रेन्ज) मे श्रीमद् भागवत धन–धान्याञ्चल सप्ताह ज्ञान महायज्ञ सुरु भईल बा ।

शिवरात्री के अवसर मे सुरु भईल महायज्ञ के आजु गाँवपालिका अध्यक्ष प्रदिप जयसवाल उदघाटन कईले बानी ।

गाँवपालिका के सहजोग मे शिव मन्दिर प्रर्वद्धन, पुनःनिर्माण तथा अतिथी भवन निर्माण सहयोगार्थ महायज्ञ के आयोजना कईल महायज्ञ मुल समारोह समिति जनवले बा ।

महायज्ञ मूल समारोह समिति के अध्यक्ष प्रमोद सिलवाल के अध्यक्षता मे भईल उदघाटन समारोह मे गाँवपालिका के उपाध्यक्ष फुलमती चौधरी, वार्ड अध्यक्ष बिश्वनाथ पटवारी, राजेन्द्र कडेल, गाँवपालिका के स्वास्थ्य संयोजक राजेश रौनियार लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी । कार्जक्रम के संचालन गिरी राज कडेल कईले रहनी ।

७ दिन तक चलेवाला महायज्ञ मे ब्यास पिठासिन बाचक पं. शिवप्रसाद सापकोटा, कथा उप–वाचक पं. विष्णुप्रसाद तिमिल्सिना लगायत के मुखारविन्द से अमृतमय कथा वाचन, राष्ट्रिय तथा अन्तराष्ट्रिय ख्याती प्राप्त कलाकारलोग द्वारा संगितमय भजन एवम् झाँकी लिला भी प्रस्तुत करेके कार्जक्रम संचालक कडेल बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।