कटुवा पेस्तोल सहित दु जने पकडईलें

सप्तरी, २३ फागुन
राजविराज नगरपालिका से आजु दु युवक के नलकटुवा पेस्तोल सहित पुलीस पकडे बा । हाथहथियार खरखजाना मुद्दा मे ११ जनानी कारागार मे थुना मे रहल विष्णुपुर गाँवपालिका–७ के २० बरीस के महेशकुमार शर्मा सहित दु युवक के पकडल गईल पुलीस आजु पत्रकार सम्मेलन करके जनवले बा ।
राजविराज मे स ७ प ९६७० नम्बर के मोटरसाइकल मे घुम रहल चालक शर्मा आ मोटरसाइकल पछाडि सवार विष्णुपुर–५ के १९ बरीस के प्रमोद साह के राजविराज–६ से पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रहरी उपरीक्षक राजेन्द्रप्रसाद धमला बतवनी । विशेष सूचना मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय आ वडा प्रहरी कार्यालय राजविराज के टोली उलोग के एक थान कटुवा पेस्तोल आ दु थान गोलीसहित पकडल गईल जनावल गईल बा ।
शर्मा के साथ से २०७४ जेठ १३ गते भी एक थान कटुवा पेस्तोल आ ओमे लागेवाला तीन थान गोली मिलल रहे । उ मुद्दा मे शर्मा ११ महीना कैद मे बईठल रहे ।





