कोरोना विरुद्ध के दुसरका चरण के खोप अभियान शुरु

वीरगंज २३ फागुन,
जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय इहे फागुन २३ गते से कोरोना विरुद्ध के दुसरका चरण के खोप अभियान शुरु कईले बा ।
जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय मे आयोजना कईल पत्रकार भेटघाट कार्जक्रम मे खोप सुपरभाइजर अधिकृत अनिल सिंह पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका, पोखरीया नगरपालिका लगायत सखुवाप्रसौनी, पटेर्वासुगौली, जगरनाथपुर, जिराभवानी आ ठोरी गाँवपालिका करके ७ गो पालिका मे एतवार से खोप अभियान शुरु भईल बतवले बानी ।
पर्सा जिल्ला के १४ गो स्थानीय दु चरण करके खोप अभियान संचालन कईल जाई । पहिलका चरण मे फागुन २३ गते से २६ गते तक ७ गो तथा दुसरका चरण मे २८ गते से चईत २ गते तक वीरगंज महानगरपालिका लगायत ७ गो पालिकासब मे खोप अभियान संचालन करेके अधिृकत सिंह के कहनाम बा ।
उनका मुताविक पहिलका चरण के ७ गो पालिका मे स्थापना कईल ३७ गो खोप केन्द्रसब मे १८ हजार नागरिक के खोप देहल जाई आ दुसरका चरण मे ५३ गो खोप केन्द्र स्थापना करके ४५ हजार नागरिक के खोप देवेके लक्ष्य रहल बतवनी ।
खोप अभियान संचालन के खातिर जनानी स्वयँसेविकालोग के घरघर मे संचालन करके खोप केन्द्र मे जाके खोप लेवेके जानकारी भी करावेके उनकर कहनाम बा । कउनो भी नागरिक खोप से बञ्चित ना होखो कहके उद्देश्य से आपन कउनो पहिचानपत्र लेके खोप केन्द्र मे जाके खोप लगावे सकेके बतवनी ।
पहिलका चरण के खोप लगईला के बाद दुसरका चरण के खोप के खातिर डब्लु.एच.ओ.अनुसन्धान कईल ८ से १० हप्ता के बीच मे लगावे सकेके खोप अधिकृत सिंह के कहनाम बा ।
कार्जक्रम मे जनस्वास्थ्य कार्यालय के कामेश्वर मिश्र, जनस्वास्थ्य अधिकृत जयमोद ठाकुर लगायत सञ्चारकर्मीलोग के उल्लेख्य पस्थिति रहल रहे ।






