हिन्दु विरोधी अभिव्यक्ति देवेवाला पूर्व प्रधानमन्त्री भट्टराई के वीरगंज मे पुतला जरल

वीरगंज ०७ सावन

विश्व हिन्दु परिषद नेपाल पूर्व प्रधानमन्त्री डा. बाबुराम भट्टराई के वीरगंज मे पुतला जरवले बा । सनातन धर्म विरुद्ध अभिव्यक्ति देहल कहत परिषद डा. बाबुराम भट्टराई के पुतला जरवले बा ।

जसपा पार्टी के संघिय परिषद के अध्यक्ष भी रहल भट्टराई विरुद्ध वीरगंज मे नाराबाजी सहित जुलुस प्रर्दशन करत उनकर पुतला जरवले बाडन । भारत युपी के मुख्यमन्त्री योगी आदित्यनाथ से गंगा नदी मे दुध अर्पण करके पुजापाठ कर रहल तस्बिर के भट्टराई आपन सोसल एकाउन्ट टिवटर मार्फत शेयर करत हिन्दु धर्म उपर अभद्र टिप्पणी कईले रहलन ।

उनका से कईल टिप्पणी के चौतर्फी रुप मे हिन्दुवादी संग संगठनसब विरोध करत प्रर्दशन कईले बाडन । उहे समय मे विश्व हिन्दु परिषद नेपाल भी वीरगंज मे भट्टराई विरुद्ध प्रर्दशन करत उनकर पुतला जराके कडा विरोध जनवले बाडन ।

वीरगंज के माईस्थान चोक मे भेला भईल हिन्दु युवालोग भट्टराई विरुद्ध कडा नाराबाजी करत जुलुस प्रर्दशन कईले बाडन । विरोध प्रर्दशन मे हिन्दु युवालोग बाबुराम भट्टराई मुर्दाबाद, हिन्दुधर्म के अपमान करे ना मिली, भट्टराई के कडा कारवाही करेके लगायत के कडा नारा बाजी कईले रहलन ।

भट्टराई के पुतला सहित निकालल विरोध जुलुस नगरपरिक्रमा के बाद घण्टाघर चोक मे पुग के पुलीस के कडा सुरक्षा के विच उनकर पुतला दहन करत कडा आलोचना भी कईले रहलन ।

कोणसभा के सम्बोधन करत परिषद के वीरगंज महानगर उपाध्यक्ष कृष्णमोहन सहाय पौराणिक काल से चलत आईल हमनी के सनातन धर्म विरुद्ध बारम्बार आक्रमण करके हिन्दुलोग के आस्था से खेलवाड कईल उपर घोर विरोध जनावत हिन्दु के आस्था से खेलवाड करेवाला विरुद्ध अब प्रतिकार मे उतरल चेतावनी देहनी । भट्टराई के चेतावनी देत उ, अपने के हमनी के रितिरिवाज बारे मे जानकारी नईखे कहके आई हम अपने के हिन्दुधर्म के रितिरिवाज बारे मे ज्ञान सिकाएम माकिर हमनी के हिन्दुआस्था उपर प्रहार करेके खोजला पर, हमनी हनुमान होके अपने के छाती चिर के ओकर जवाफ देहल जाई ।

अल्पसंख्यक के राजनितिक करके चर्चा कमावे खातिर बहुसंख्यक के अपमान करेवाला राजनिति वितल कुछ बरीस से कथित जन आन्दोलन के बाद अईसन बिकृति बढत गईल बा । बाबुराम भट्टराई के ई पहिलका घट्ना ना ह कहत उ वितल समय मे भी हिन्दु धर्म संस्कृति के अपमानित होखेवाला किसिम के अभिव्यक्ति देत आईल उलोग के सिकाईत रहल बा ।

वितल जनआन्दोलन के बाद कम्युनिष्ट विचार धारा तथा माओवादी जनआन्दोलन से आईल कथित खुद के बुद्धिजिवि आ सम्रान्त मानेवाला मांसिकता भईल बाबुराम भट्टराई विदेशी के डलर तथा ओलीवाईन मे मस्त आपन धर्म संस्कृति नष्ट करत आईल बाडन ।

उ हिन्दु धर्म संस्कृति के समाप्त करे खातिर विदेशी एजेन्डा लेके नेपाल मे उलोग के खातिर राजनितिक करेवाला पिछिलका समय मे हिन्दुआस्था उपर प्रहार करके आपन राजनितिक चम्कावेके काम बितल समय से हि करत आईल हिन्दु अगुवालोग बतवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।