गाँवपालिका मे भ्रष्टाचार बढत गईल कहत नेपाली काँग्रेस कालिकामाई गाँवपालिका मे सूचना माग कईलख

वीरगंज २३ फागुन

पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका से एतवार के दिने सूचना मांग कईल बा । गाँवपालिका मे भ्रष्टाचार बढत गईला के बाद आ सर्वसाधारण से सूचना मांग कईला पर गाँवपालिका से उपलब्ध ना करईला के बाद नेपाली कांग्रेस कालिकामाई गाँवपालिका संगठित रुप मे ११ बुंदे सूचना मँगले बा ।

नेपाली कांग्रेस कालिकामाई गाँवपालिका संयोजक राजिन्द्र प्रसाद कुर्मी के नेतृत्व मे गाँव कार्यपालिका के कार्यालय हरिहरपुर मे दर्जनो के संख्या मे पुगल नेता तथा कार्यकर्तासब प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत जयचन्द्र साह ना मिलला के बाद पशु सेवा के अधिकृत मुर्लीधर पाण्डे के लिखित सूचना के निवेदन बुझवले रहलन ।

गाँवपालिका मे कार्यरत स्थायी भा करार कर्मचारी के संख्या आ नाम, पद सहित के विवरण, गाँवपालिका मे रहल सवारी साधन के किसिम, संख्या आ सवारी संचालन होखेके ब्यवस्था के विवरण, बिपत ब्यवस्थापन के खातिर छुटयावल गईल रोपेया भा कहुँ से मिलला रोपेया, खर्च भईल सभी विवरण, चालु आर्थिक बरीस मे भईल सूचना आ टेन्डर के विवरण उपलब्ध करावे खातिर सूचना माग कईल बा ।

एहितरे, बितल आ चालुु आर्थिक बरीस मे मिलल सभी अनुदान रकम, शिर्षक अनुसार के बजेट के विवरण, पारित भईल स्वीकृत बजेट से वार्डलोग मे बिनियोजन भईल कार्जक्रम, योजना आ बजेट के विवरण, उ रोपेया से संचालित योजना पुरा भईल, ना भईल, योजना संचालन करे खातिर अपनावल गईल विधि के विवरण, गाँवपालिका अध्यक्ष आ उपाध्यक्ष के योजना के खातिर विनियोजित बजेट, कार्जक्रम आ शिर्षक मुताविक के सभी विवरण, संचालन कईल योजना तथा कार्जक्रम के खातिर बिनियोजित रकम मेसे खर्च होके बाकी रहल रोपेया के शिर्षक अनुसार के विवरण उपलब्ध करावे खातिर भी माग कईल बा ।

एहितरे, चालु आ.व. २०७७÷०७८ मे स्वीकृत भईल बजेट तथा कार्जक्रम शिर्षक अनुसार के खर्च भईल भा खर्च होखेके बाकी रहल पुर्ण विवरण, बितल आ चालु आर्थिक बरीस मे हरेक वार्ड मे वितरण कईल हेन्ड पाईप, धारा, ग्यास, चुल्हा, ग्याससिलिन्डर, कृर्षि स्पेयर टयाकी, कोदालो तथा आउर सामनसब कउन कउन बिधी से खरिद कईल बा आ ओकर सभी विवरण नाम सहित उपलब्ध करावेके, उपरोक्त आ.व.सब मे संचालन भईल तालिम गोष्ठि, प्रशिक्षण कहाँ कहाँ भईल बा आ उ तालिम गोष्ठि मे कउन कउन आदमी सामेल भईल बा आ उ आदमीसब के कउन कउन सामान उपलब्ध करावल गईल रहे उ सम्बन्ध मे खर्च भईल विवरण भी आदमीसब के नामावली उपलब्ध करावे के लगायत के ११ बुंदे सूचना माग कईल गाँवपालिका संयोजक कुर्मी जानकारी देहनी ।

नेपाली कांग्रेस के नेता पंचानन्द मिश्रा, छठु साह, संजय साह गोढ, सिकेन्द्र देवान, छबिलाल महतो, अरबिन्द चौरसिया लगायत के लोग सूचना के माग के खातिर गाँव कार्यपालिका के कार्यालय पुगल रहे ।

सूचना माग कईल निवेदन जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा, राष्ट्रिय सूचना आयोग काठमाण्डु, अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग हेटौडा आ प्रधानमन्त्री तथा मन्त्रि परिषद के कार्यालय के भी बोद्धार्थ कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।