बारा आ पर्सा मे अवैध लागू औषध गाँजा सहित दु जने पकडईलें

प्रभु यादव
बारा २६ फागुन
बारा मे ४५ किलो अबैध लागू औषध गाँजा सहित एक जने पकडाईल बाडन ।
सुरक्षा प्रहरी वेश क्याम्प लंगडा चौक से खटल प्रहरी टोली पचरौता नगरपालिका वार्ड नं.८ बाजोपट्टी पईनी के नजिक से चार जने पिठपर चटी के बोरा बोक के आरहल अवस्था मे प्रहरी टोली के देख के भागे लागल क्रम मे ३ जने भाग के फरार भईल ओहि मध्ये के बारागढि गाँवपालिका वार्ड नं.४ पोखरिया टोल के अन्दाजी ५० बरीस के बाबुलाल चौधरी पकडाईल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी । 
मगर के रात के करिब ११ बजे के समय मे सुराक जनकारी मिलला पर प्रहरी टोली गस्ती मे निकलल रहल ठिक समय मे गाजा तस्कर भेटला पर भागत समय मे पकडल गईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा । पकडाइल चौधरी के लागू औषध मुद्दा मे बारा जिल्ला अदालत से म्याद अनुमति लेके हिरासत मे राख के थप अनुसन्धान आ फरार रहल संलग्न लोग के खोजी कार्य कईल जारहल प्रहरी जनकारी करावले बा ।
एहितरे वीरगंज से लागूऔषध गाँजा सहित एक जने पकडाईल बाडन । पकडाएवाला मे वीरगंज महानगरपालिका–१८ रहेवाला १९ बरीस के प्रिन्स पटेल रहल बाडन ।
मंगर के सँझिया ७ बजे वीरगंज–११ स्थित अल्पाइन बोर्डिङ स्कुल लगे से उ पकडाईल बाडन । ना.४६ प.५३२९ नम्बर के मोटरसाइकल रोक के चेकजाँच करेके समय मे उनका से लेहल झोरा मे ३ किलो गाँजा बरामद भईल प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।
पकडाईल पटेल उपर लागूऔषध कसुरसम्बन्धी मुद्दा मे आउर अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।






