औद्योगिक वातावरण बनावे के बहुते काम बाँकी बा : उद्योगी–व्यवसायी

वीरगंज २८ फागुन
नेपाल मे औद्योगिक वातावरण बनावे खातिर बहुते काम करेके बाँकी रहल उद्योगी व्यवसायीलोग बतवले बाडन । रोजगारी सिर्जना करेके, राजश्व देवेके आ पूर्वाधार विकास मे निजी क्षेत्र के मुख्य भूमिका रहला पर भी राज्य के बेवास्ता मे पडल उलोग के कहनाम बा ।
वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के ४५ वाँ साधारणसभा उदघाटन समारोह मे उद्योगी व्यवसायीलोग कोरोना महामारी मे थला पडल निजी क्षेत्र के उपर उठावे खातिर राज्य चासो ना देहल सिकाईत कईलन ।
नेपाल उद्योग वाणिज्य महासंघ के वरिष्ठ उपाध्यक्ष चन्द्र ढकाल कालाबजारी ऐन लगायत कैयन ऐनसब के परिमार्जन करेके जरुरत रहल बतवनी । उद्योगी व्यवसायी से आर्जन कईल नाफा उद्योगी व्यवसायी के मात्र ना भईल सरकार ना बुझे तक समस्या होखेके उनकर कहनाम बा ।
“मलेसिया मे तीनु तह के सरकार लगानी करे आवेवाला स्वदेशी तथा विदेशी के पार्टनर के रुप मे देखेलन, ओहिसे छोट समय मे उ प्रगति कईले बा” कहत उ, “नेपाल मे भी तीनु तह के सरकार से अपनत्व लेवेके पडि, उद्योग व्यवसाय अईला पर स्थानीय तह मे रोजगारी सिर्जना होखी । पालिका के आम्दानी बढी आ आर्थिक गतिविधि भी बढी । व्यवसायी से कमावल नाफा नीजि क्षेत्र के मात्र ना होखेला, सभी के होखेला ।”
महासंघ के उपाध्यक्ष दिनेश श्रेष्ठ सरकार से उद्योगी व्यवसायी के नाफा से लेहल २५ प्रतिशत आय कर व्यवसायी के हकहित मे खर्च करेके चाहिं कहके बतवनी । कोभिड महामारी से भईल नोक्सानी के सभी आर्थिक भार व्यवसायी स्वयं से बेहोरेके अवस्था बनावल गईल बतावत उ व्यवसायी उपर सरकार बैंक जेतना भी संवेदनशील ना देखल गईल टिप्पणी कइनी ।
महासंघ प्रदेश नं २ के अध्यक्ष गणेश लाठ कालाबजारी ऐन, एजेन्सी ऐन आ उधारो ऐन के परिमार्जन करे खातिर सुझाव देहनी । कर फर्छ्यौट आयोग गठन करेके, राजश्व न्यायाधीकरण के कार्यालय वीरगंज मे होखेके, आ सम्पत्ति के अभिलेखीकरण ऐन लियावे के उनकर माग बा । बारा पर्सा क्षेत्र मे देश के सबसे बेसी उद्योग कलकारखाना भईला पर भी औद्योगिक क्षेत्र घोषणा करे ना सकला पर समस्या हो रहल बतावत उ सिमरा के विशेष आर्थिक क्षेत्र के हि औद्योगिक क्षेत्र के रुप मे परिणत करे खातिर उ निहोरा कइनी ।
महासंघ के केन्द्रीय सदस्य एवं उद्योग समिति के सभापति अरुणराज सुमार्गी उत्पादन, आयात आ निर्यात के विषय के समेटेवाला किसिम से बारा, पर्सा आ रौतहट के समेट के पीएचडी च्याम्बर बनावे खातिर सुझाव देहनी ।
व्यवसायी भरतराज आचार्य औधोगिक पूर्वाधार, नीतिगत प्रक्रिया आ प्रशासनिक झन्झट से मुक्ति मिलेके बतवनी । उ ईआईए आ आईई प्रतिवेदन के खातिर सभी सरकार से छलफल अनिवार्य कईला पर समस्या भईल बतावत उद्योग विभाग से हि एकरा के देखेके बतवनी ।
वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के निवर्तमान अध्यक्ष एवं प्रदेश सभा सदस्य ओमप्रकाश शर्मा बारा पर्सा क्षेत्र मे रहल उद्योग से निकलेवाला औद्योगिक फुहर के व्यवस्थापन के खातिर योजना लियावे के माग कइनी ।
संघ के पूर्व अध्यक्ष अशोक वैद्य कर्पोरेट सोसल रेस्पन्सीबिलीटी (सीएसआर) के रकम उद्योगी व्यवसायी से खुदे योजना बनाके खर्च करे सकेके व्यवस्था मिलावे के बतवनी ।
साधारण सभा के अवसर मे संघ तेक्वान्दो खेलाडीलोग अफताव आलम, जक्की यादव के सम्मान कईले बा । निर्यातमूलक उद्योगसब डाबर नेपाल, त्रिवेणी स्पेनिङ प्रालि, शिवशक्ति केमो प्लाष्ट, शिवशक्ति दाल मिल, शिवशक्ति घ्यु उद्योग, अन्नपूर्ण भेजिटेबल प्रडक्टस्, नारायणी आयल एण्ड रिफाइनरी उद्योग के सम्मान कईल महासचिव माधव राजपाल बतवनी ।
आर्थिक क्षेत्र मे कलम चलाके उद्योगी व्यवसायी के समस्या के सञ्चारमाध्यम से उजागर कईला मे पत्रकार कन्हैयालला केशरी, तुलसी भण्डारी आ क्रान्ति साह भी सम्मानित भईल बाडन ।
वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष गोपाल केडिया के दु बरीस के कार्यकाल ओराईल बा । नयाँ कार्यकाल के खातिर ३५ सदस्यीय कार्यसमिति सदस्यलोग निर्विरोध निर्वाचित भइल बाडन । पदाधिकारी चयन बाँकी बा । वर्तमान वरिष्ठ उपाध्यक्ष सुवोध गुप्ता अध्यक्ष बनेके आन्तरिक सहमति भइल बा ।






