प्रम ओली आपन गलती सँचिया के अईहन त पार्टी के दुवारी खुला बा पौडेल

प्रभु यादव
बारा २६ पुस
आपन गलती सँचिया के अईहन त प्रधानमन्त्री ओली के खातिर पार्टी के दुवारी खुला रहल नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) स्थायी कमिटी सदस्य तथा गण्डकी प्रदेश इन्चार्ज देवेन्द्र पौडेल जानकारी करावले बानी ।
नेकपा प्रचण्ड–माधव समर्थक कलैया उपमहानगरपालिका स्तरीय भेला तथा प्रशिक्षण कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि के आसन से बोलत पौडेल अईसन जनकारी करावले रहलन ।
संघियाता धर्मनिर्पेक्षता खारेज करे खातिर पार्टी मे आपन अनुकुलता ना होखेसकल कभियो सुने ना सकल आ आपन गुट के मुठी भर के आदमी लोग के लेके ओली पार्टी फोरे के ओर लगला पर रोके के खोजला पर लमकल रहलन पौडेल आरोप लगावले बानी ।
संविधान के कवनो धारा मे ना भईल काम केपी कईले बाडन ओकर घोर भत्र्सना करत आम नागरिक के अवाज दबावे के खोजरहल जवन कभियो मान्य ना होई केन्द्रिय सदस्य तथा बारा सह–इन्चार्ज बिशिष्ट अतिथी गोपाल ठाकुर जनकारी करावले रहनी ।
कलैया उपमहानगरपालिका के पार्टी नगर अध्यक्ष तथा जिल्ला कमिटी सदस्य जवाहिर अंसारी के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे केन्द्रिय सदस्य दिनेश राई, जिल्ला अध्यक्ष तथा प्रदेश कमिटी क्षेत्र बहादुर श्रेष्ठ, पुर्ब खेलकुद मन्त्री पुर्षोतम पौडेल, प्रदेश कमिटी सदस्य शिव चन्द्र कुश्वाहा, देबेन्द्र पराजुली, राजन पौडेल, प्रभु यादव, छटु यादव, रबि दंगाल, गिता कडेल, बीरगंज महानगर अध्यक्ष रहबर अंसारी, जिल्ला कमिटी सदस्य देवनारायण चौधरी, महम्मद सम्मिउलाह, हसनजान अंसारी, धुर्ब यादव, आबिद हुसैन अंसारी लगायत के लोग प्रधानमन्त्री के संसद विघटन के विरोध मे आपन आपन बात रखले रहलन ।
कार्जक्रम के सञ्चालन जिल्ला कमिटी सदस्य तथा उपमहानगर सचिव मुकेश साह कईले रहनी ।





