निश्पक्ष पत्रकारिता से समाज मे बदलाव आई : उपप्रमुख तारा देवी

प्रभु यादव
बारा २९ फागुन
महागढीमाई नगरपलिका के उपप्रमुख तारा देबी कानु निश्पक्ष पत्रकारिता से समाज परिवर्तन होखेके बतवले बानी ।
कानु पत्रकार संघ बारा के सपथ ग्रहण कार्जक्रम के आजु प्रमुख अतिथि तारा देवी कानु पत्रकार संघ बारा के कार्यालय के उदघाटन करत कानु पत्रकार संघ बारा के पत्रकार से सभी जात के उथान होखेके उप प्रमुख तारा देबी कानु बतवले बानी । उ कार्जक्रम मे कानु पत्रकार संघ बारा मे आवद्ध सभी पदाधिकारीलोगके सपथ ग्रहण करवले रहनी ।
बारा के कलैया स्थित होटेल करण राज पैलेस मे आयोजित कानु पत्रकार संघ बारा के सपथ ग्रहण कार्जक्रम के सम्बोधन करत प्रदेस नं २ के बिधायक एव जनता आवास कार्जक्रम रौतहट के संयोजक बाबुलाल साह कानु पिछडल कानु जात के मात्र ना सभी जात के उत्थान करे खातिर पत्रकारलोग के निहोरा कइनी ।
कानु पत्रकार संघ बारा के गठन भईला मे खुद बहुते खुशी भईला के साथे कार्यलय संचालन के खातिर जरुरी सामानसब खुद से सहजोग करेके प्रतिबद्धता जाहेर कईले रहनी । कानु कान्दु, हलौवाई सभी के गोलबध करके एकजुट बनावेके बात मे जोड देहनी ।
दहेज प्रथा अन्त के खातिर बेटी के उच्च शिक्षा देवेके बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी सुरेन्द्र पौडेल बतवले बानी । कानु पत्रकार संघ के बिकास से राष्ट्र के बिकास मे बडका सहजोग जिल्ला बासी के उथान होखेके जिल्ला अधिकारी पौडेल बतवले बानी ।
कानु पत्रकार संघ समाज के सभी जात के उथान करेके उदेश्य से संघ गठन भईल बा । समाज के बिकृती, उत्पन्न समस्या के अन्त करत अनेकन बर्ग के जात के लेके अगाडि बढेके संघ के उदेश्य रहल स्वागत मन्तव्य मे कानु पत्रकार संघ के सचिव श्रीकान्त कुमार गुप्ता बतवले बानी । संघ काखा पाखा ना करके निष्पक्ष रुप से कलम चलाके समाज के सेवा करेके प्रतिबद्धता संघ के ओरी से गुप्ता जनवले बानी ।
बारा के अध्यक्ष अजय साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के सचिव गुरुप्रसाद गौतम, वरिष्ठ पत्रकार गोकुल घोरसाईने, पुर्व उपाध्यक्ष राकेश पान्डे, रेशम तिवारी, कानु समाज बारा के अध्यक्ष ओमप्रकाश साह कानु, उपाध्यक्ष हरिनारायण साह, रबिन्द्र साह, भूषण गुप्ता, नागरिक समाज बारा के अध्यक्ष उमेशलाल दास, उधोग बाणिज्य संघ बारा के महासचिव राम असिस साह कानु लगायत शुभकामना मन्तव्य व्यक्त कईले रहनी ।
एहितरे कानु पत्रकार संघ बारा के अध्यक्ष अजय साह प्रमुख अतिथि तारा देबि कानु के गणिनाथ महराज अंकित माया के चिनो प्रदान कईले रहनी । कानु पत्रकार संघ बारा के सपथ ग्रहण कार्जक्रम मे बारा, पर्सा, रौतहट के स्वजातिय आदमीसब के स्शभागिता रहल रहे । कार्जक्रम के संचालन कानु पत्रकार संघ बारा के उपाध्यक्ष नरेश गुप्ता बतवनी ।





