“लईकालइकी के सुरक्षित वातावरण मे पढे मिलेके पडल”

वीरगंज ०१ चईत

वीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख विजयकुमार सरावगी लईकालइकी से सुरक्षित हिसाब से पढे ना मिलला पर दीर्घकालीन असर परेके बतवले बाडन ।

एतवार के दिने शिक्षा पत्रकार समाज आ आसमान नेपाल से संयुक्त रुप मे आयोजना कईल “विद्यालय मे सुरक्षित सिकाइ” विषयक बतकही मे नगर प्रमुख सरावगी खासकरके सामुदायिक विद्यालय के लईकालइकी सुरक्षित ना रहल बतवनी ।

शिक्षा क्षेत्र के सुधार के खातिर प्रदेश आ संघ सरकार स्थानीय तह सँगे समन्वय आ सहकार्य करके अगाडि बढेके बात मे जोड देहनी ।

“लईकालइकी पहिले, परिवार से पीडित बाडन । दुसरका बीच रास्ता मे बेमार के होखेवाला व्यवहार से आ तिसरका स्कुल भितर के कथा बहुते बा,” कहत उ, “विद्यालय मे उजुरी पेटिका राखल गईल बा माकिर केहु उजुरी ना करेलन । एकर मतलब विद्यार्थी डराईल हो सकत बाडन । शिक्षक से विद्यार्थीलोग मानसिक टर्चर के सामना कर रहल बाडन ।” लईकालईकीसब से सुरक्षित वातावरण मे पढे ना मिलला पर “डिप्रेसन” मे जाए सकेके खतरा उ बतवनी ।

पोखरिया नगरपालिका के उपप्रमुख सलमा खातुन विद्यालय मे सुरक्षित सिकाइ के खातिर सरोकारवाला एक होखेके बात मे जोड देहनी । “अभिभावक से कुछ सिखिहन कहके लईकालइकी के विद्यालय पठावेलन । सुरक्षित सिकाइ ना भईला पर कुण्ठित आ आत्मविश्वास कम भईल विद्यार्थी बनेलन,” कहत उ, “अईसन होखे ना देवे खातिर एक दोसर के दोषारोपण करके ना होखी सभी सरोकारवाला एक होके काम करेके बतवनी ।”

कार्जक्रम मे सहभागी पालिका शिक्षा समिति के पदाधिकारी, शिक्षा शाखा अधिकारी तथा जनप्रतिनिधिलोग सुरक्षित सिकाइ के खातिर खुदसब गम्भीर रहल बतवलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।