प्रदेश २ सरकार थपत बा २०५ गो आइसोलेसन बेड

जनकपुरधाम ६ जेठ

प्रदेश २ सरकार आउर ३०५ गो आइसोलेसन बेड तइयार करेके जनावल गईल बा ।

कोरोना संक्रमित के संख्या बढे सकेके जनावत सरकार आइसोलेसन बेड थपेके निर्णय कईले बा ।

मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत नेतृत्व के कोरोना भाइरस रोकथाम तथा नियन्त्रण प्रदेश स्तरीय निर्देशन एवम् समन्वय समिति के आजु बईठल बईठक से आइसोलेसन बेड थपेके निर्णय कईल सरकार के प्रबक्ता एवम् आन्तरिक मामिला तथा कानुनमन्त्री ज्ञानेन्द्र यादव जानकारी देहनी ।

सिरहा अस्पताल मे ५० बेड, सिरहा अस्पताल मातहत मे रहेवाला किसिम से महेन्द्र गेनाइ अस्पताल मे ३० बेड, रौतहट के गौर अस्पताल के मातहत मे रहेवाला किसिम से गौर नरसिंह इनस्टिच्युट मे ३० बेड, पोखरिया अस्पताल पर्सा मे २५ बेड, सप्तरी के भारदह अस्पताल मे ५० बेड, सर्लाही के मलंगवा अस्पताल के मातहत मे रहेवाला किसिम से अन्त अल्पमाई रामनारायण यादव नर्सिंग कलेज मे २५ बेड, सप्तरी के गजेन्द्र नारायण सिंह अस्पताल राजविराज के मातहत मे रहेवाला किसिम से साइकृष्ण मेडिकल हाता मे ५० बेड आ महोत्तरी के बर्दीवास अस्पताल मे ५० बेड थप करेके निर्णय कईल उ बतवनी ।

प्रदेश २ मे अभी ४४७ आइसोलेसन बेड बा । ई बाहेक ३ सय ५ बेड थपेके निर्णय प्रदेश सरकार कईले बा ।

मंगर के दिने बईठल बईठक से आरटी–पीसीआर ल्याब स्थापना तथा संचालन के खातिर जरुरी सुझाव सल्लाह, प्राविधिक सहजोग आ समन्वय तथा सहजीकरण के खातिर राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला काठमाण्डु के पूर्वनिर्देशक डा. राजकुमार महतो के विज्ञ सल्लाहकारमे नियुक्त करेके निर्णय कईले बा ।

बईठक से प्रदेश मे जारी कोरोना परीक्षण के काम के आउर प्रभावकारी बनावे खातिर सम्बन्धित पक्ष के निर्देशन देवेके एवम् आइसोलेसन तथा क्वारेन्टाइन मे रहल संक्रमित एवम् शंकास्पदलोग के खाना तथा नास्ता के प्रदेशस्तर मे एगो मापदण्ड बना के उपलब्ध करावे के निर्णय भी कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।