लोकतन्त्र पर विश्वास करेवाला सब के एक होके सघर्ष करेके परल : नेका अध्यक्ष देउवा

प्रभु यादव

बारा ०१ चईत

लोकतन्त्र पर विश्वास करेवाला सब के एक होके सघर्ष करे के परल नेपाली काँग्रेस पार्टी के केन्द्रीय अध्यक्ष शेरबहादुर देउवा बतावले बानी ।

नेपाली काँग्रेस केन्द्रीय खेलकुद विभाग से आयोजना कईल कार्जक्रम बारा के पचरौता नगरपालिका ४ बेलदारी मे खुमबहादुर खडका स्मृति अन्तर्राष्ट्रिय कुस्ती प्रतियोगिता के उदघाटन करत अध्यक्ष देउवा अईसन जनवले बानी । नेपाल मे संकट आईल बा निकास देवेला नेपाली काग्रेस देश के नेतृत्व लेवे के जिम्मा आईल अध्यक्ष देउवा जनकारी करावले बानी ।

देश मे जब जब संकट आईल बा तब तब नेपाली काँग्रेस नेतृत्व लेके देश मे निकास देहले बा कहत अध्यक्ष देउवा नेपाल मे अभी के समय मे राष्ट्रिय एकता के जरूरी भईल बतवनी । नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी दु तिहाई के बहुमत लेके देश ना चलावे सकल दुर्भागय भईला से अब नेपाली काँग्रेस के देश के नेतृत्व लेवेके परला पर तईयार रहल अध्यक्ष देउवा बतावले बानी ।

नेपाली काँग्रेस पार्टी के महाधिवेश के आवेवाला भादो मे करे के तईयारी कईल जारहल देउवा जनकारी करावले बानी । पूर्व स्वास्थ्य मन्त्री आ नेपाली काग्रेस के केन्द्रीय सदस्य बारा निवार्चन क्षेत्र १ के प्रतिनिधि सभा सदस्य उमाकान्त चौधरी मधेशी के खातिर कवनो भि पार्टी खुलल माकिर मधेश के मुद्दा पर कुछो ना करे सकल सम्बोधन के क्रममे जनकारी करावले बानी । नेकपा एमाले संविधान संशोधन ना करे के चाहला से ना भईल सिकायत चौधरी जनकारी करावले बानी । नेपाल के नक्शा के खातिर संविधान संशोधन कईल गईल माकिर मधेश के मुद्दा पर एमाले ना कईलख चौधरी सिकाय कईनी ।

नेपाली काग्रेस के केन्द्रीय सदस्य आ पूर्व मन्त्री फरमुल्लाह मंसुर केपी ओली पद के लालच मे सरकार मे देहल बहुमत फिर्ता लेहला पर भि ना छोड रहल सिकायत कईले रहनी । अभि देश मे आईल संकट नेकपा के चलते आईल बा जवना के नेपाली काँग्रेस निकास कर सकत बा कहके मंसुर जनकारी करवले बानी । नेपाली काँग्रेस के केन्द्रीय सदस्य आ खेलकुद विभाग प्रमुख मोहन बहादुर बस्नेत राजनीतिक बिचौलीया सब देश विगारले बा बतावले बानी ।

मधेश भोट बैक रहल बा जवना जगह मे विचौलीया सब के कारण मधेश के मुद्दा फसल बस्नेत जनकारी करावले बानी । मधेशी दल सरकार मे पुगल माकिर मधेश के सम्बन्ध मे काम ना करे सकल सिकायत बस्नेत कईनी ।

केन्द्रीय सदस्य आ खेलकुद विभाग सदस्य मणिभुस यादव के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे केन्द्रीय सदस्य राधेचन्द्र यादव, बृजलाल यादव आ जयचन्द्र चौरसिया खेलकुद से पहिचान बनावे वाला खेलाडी सब के विशेष महत्व देवे के जनकारी करावले रहल रहे ।

कार्जक्रम मे लिटिल स्टेप ईङ्गलीस बोर्डिङ स्कुल पचरौता ५ के पढनिया छोट छोट लईकी सब स्वागत नृत्य कर के सुरूवात करावले रहलन । कुस्ती प्रतियोगिता दु दिन तक चले के मणिभुषण यादव जनकारी करावले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।