रसिया पठादेम कहत रोपेया उठावेवाला पकडईलें

रसिया पठादेम कहत रोपेया उठावेवाला पकडईलें

रौतहट २६ जेठ

रौतहट यमुनामाई गाँवपालिका से अध्ययन भिसा मे रसिया पठा देवेके कहत रोपेया असुलल आरोप मे पुलीस शनिचर के दिने एक जने के पकडले बा । युमनामाई २ के २३ बरीस के राहुलकुमार प्रजापति के रोपेया ठगी कईल आरोप मे पकडल गईल जिल्ला प्रहरी के डीएसपी एलिजा गिरी जानकारी देहनी । डीएसपी गिरी के मुताविक प्रजापति अध्ययन भिसा मे रसिया देश पठा देवेके कहत नेपाल स्थित रसियन दूतावास से जारी भईल कहके नक्कली कागज देखाके विश्वास दिलाके गाँव के जितेन्द्रकुमार यादव से १० लाख ८७ हजार ७ सय २० रोपेया रकम लेहले रहलन । ‘रोपेया ठगके भागल प्रजापति के पकडके अनुसन्धान सुरु कईले बानी,’ डीएसपी गिरी कहनी, ‘उ केतना जने से रोपेया असुलले बाडन कहके अनुसन्धान के बाद जानकारी होखी ।’
पकडाईल प्रजापति के ठगी तथा आपराधिक लाभसम्बन्धी कसुर मे जिल्ला अदालत से म्याद थपके अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।