स्व.गिरिजा प्रसाद कोइराला के ११ वाँ स्मृति दिवस मनावल गईल
वीरगंज ०७ चईत
जिपि कोईराला फाउन्डेसन पर्सा स्व.गिरिजा प्रसाद कोइराला के ११ वाँ स्मृति दिवस के अवसर मे दिप प्रज्जवलन कार्जक्रम पुरा कईले बा ।
वीरगंज के माईस्थान पार्क मे फाउंडेशन के अध्यक्ष म.सहाबुद्दीन के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि ठाकुर राम बहुमुखी क्याम्पस के उप प्रध्यपक शत्रुघ्न प्रसाद यादव, बिशिष्ट अतिथि नेपाली कांग्रेस के जिल्ला सभापति अजय द्विवेदी, ने.का.माहासमिती सदस्य धूर्ब नेपाल, नरेन्द्र साह, मिंटु देबी सिंह, घिरज गुप्ता, संतोष सिंह, मनोहर कुमार साह, रबीन्द्र ठाकुर लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
एहितरे स्मृति दिवस के अवसर मे गिरिजा प्रसाद कोईराला फाउण्डेसन पर्सा नारायणी अस्पताल बीरगंज मे फलफूल भी बँटले रहे ।






