पर्सा मे बहुते परिमाण मे चरेस सहित कारोबारी पकडईलें

पर्सा मे बहुते परिमाण मे चरेस सहित कारोबारी पकडईलें

वीरगंज १५ बैशाख

पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका–१ तीनडोबिया से पुलीस बहुते परिमाण मे लागूऔषध चरेससहित कारोबारी के पकडले बा ।
इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरीया से प्रहरी निरीक्षक मोहन विक्रम केसी के नेतृत्व मे खटल टोली तिनडोबिया के बृजेश प्रसाद कुर्मी के १७ किलो चरेस सहित पकडले बा ।
शनिचर के सबेरे पुलीस कुर्मी के घर मे छापा मारके खानतलासी कईला पर घर के बरन्डा मे सिमेन्ट के बोरा भितर लुकाके राखल ३१ गो पोका मे १७ किलो चरेस मिलला के बाद कुर्मी के नियन्त्रण मे लेहल प्रहरी निरीक्षक केसी बतवनी ।
चरेस सहित नियन्त्रण मे लेहल गईल कुर्मी के इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के हिरासत मे राखके अनुसन्धान हो रहल प्रहरी निरीक्षक केसी जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।