सैलुन से पेस्तोल आ गोली सहित भुमिहार पकडईलें

प्रभु यादव

बारा ०७ चईत

बारा मे पुलीस कटुवा पेस्तोल आ गोली सहित एक जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे महोत्तरी के साविक डाम्ही मडई गाविस २ घर भईल ४० बरीस के प्रमोदकुमार भुमिहार रहल बाडन ।

कटुवा पेस्तोल एक थान, ओमे प्रयोग होखेवाला गोली दु राउण्ड आ दु थान मोबाइल सहित भुमीहार के पकडल गईल बारा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायव उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक बारा के जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका ७ शान्तिटोल स्थित गजेन्द्र ठाकुर के सैलुन से भुमीहार हथियार सहित पकडाईल बाडन ।

इलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा आ जीतपुर के संयुक्त प्रहरी टोली सैलुन मे शंकास्पद अवस्था मे बईठल भूमीहार के देह चेकजाँच कईला पर पेस्तोल आ गोली बरामद भईल बा । हथियार सहित पकडाईल भुमीहार के पुलीस हिरासत मे राख के आउर अनुसन्धान हो रहल प्रहरी नायव उपरीक्षक मिश्र जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।