नेपाल आयल निगमद्वारा दुसरका चरण के ‘टैंक ट्रक लकिङ’ शुभारम्भ

वीरगंज ०१ भादो

नेपाल आयल निगम मधेस प्रादेशिक कार्यालय अमलेखगञ्ज बारा दुसरका चरण के ‘टैंक ट्रक लकिङ’ सुरुआत कईले बा ।

निगम के प्रादेशिक कार्यालय मे आजु आयोजना कईल कार्जक्रम मे उद्योग वाणिज्य तथा आपूर्तिमन्त्री रमेश रिजाल सिङ्गल लोड कईल तीन ट्याङ्कर मे टैंक ट्रक लकिङ लगाके उ काम के शुभारम्भ कईनी ।

डिपो से पेट्रोल पम्प तक लिड सिल मात्र लगाके पठावत आईल निगम मधेस प्रादेशिक कार्यालय अमलेखगञ्ज आजु से ट्याङ्कर मे टैंक ट्रक लकिङ लगाके पठावे लागल बा । ढुवानी के समय मे होखेवाला पेट्रोलियम पदार्थ के चोरी नियन्त्रण करे खातिर आ सुरक्षित ढुवानी के खातिर ट्याङ्कर मे टैंक ट्रक लकिङ सुरु कईल नेपाल आयल निगम मधेस प्रादेशिक कार्यालय अमलेखगञ्ज बारा के प्रमुख विनितमणि उपाध्याय जानकारी देहनी ।

एहितरे मोतिहारी–अमलेखगञ्ज पेट्रोलियम पाइपलाइन परियोजना अन्तर्गत दुसरका चरण के करिब ४० प्रतिशत से बेसी काम ओराईल बा । परियोजनाअन्तर्गत दुसरका चरण के काम अभी तक करिब ४० प्रतिशत से बेसी ओराईल आ बाँकी काम तेजी मे अगाडि बढल प्रमुख उपाध्याय जानकारी देहनी ।

परियोजना के दुसरका चरण अन्तर्गत भारतीय आयल निगम बारा के अमलेखगञ्जस्थित डिपो मे चार हजार १०० किलो लिटर क्षमता के दु पेट्रोल ट्याङ्क, २५ं० किलोलिटर क्षमता के दु ट्रान्समिक्स ट्याङ्क, पेट्रोल ढुवानी के खातिर २४ पुर्ण स्वचालित लोडिङ्ग वे(रिफिलर), पम्प हाउस आ प्रयोगशाला निर्माण के हो रहल प्रमुख उपाध्याय बतवनी ।

उहे परियोजना अन्तर्गत फायर फाइटिङ सिस्टम के स्तरोन्नति, पानी आ तेल छुट्टयावेवाला ओडब्ल्युएस सिस्टम तथा पिएमसीसी कक्ष निर्माण के काम अगाडि बढल उनकर कहनाम बा । सन् २०२३ भितर सभी पूर्वाधार निर्माण पुरा करेवाला किसिम से लिखिता इन्फास्ट्रक्चर प्रालि के ठेक्का देहल नेपाल आयल निगम मधेस प्रादेशिक कार्यालय अमलेखगञ्ज बारा जनवले बा । इहे परियोजनाअन्तर्गत निर्माण होखे लागल दु पेट्रोल ट्याङ्क मेसे एगो नेपाल आयत निगम आ दोसर ट्याङ्क भारतीय आयल निगम के लागत मे निर्माण हो रहल बा ।

एहितरे पेट्रोल आ डिजेल दुनु होखे सकेके मिश्रित इन्धन राखे खातिर दु ट्रान्समिक्स ट्याङ्क आ डिपो भितर के सुरक्षा के खातिर तीन हजार किलोलिटर क्षमता के फायरवाटर ट्याङ्क भारतीय आयल निगमन निर्माण करके देवेके सम्झौता भईल प्रमुख उपाध्याय के कहनाम बा ।

परियोजनाअन्तर्गत पहिलका चरण के काम पुरा होके बितल २०७६ साल भादो २५ गते से पाइपलाइन से डिजेल के आयात हो रहल बा । परियोजना के दुसरका चरण के ओराईला के बाद पाइपलाइन से पेट्रोल आ मट्टितेल के भी आयात होखेके जनवले बा ।

“एके पाइपलाइन से पेट्रोल आ मट्टितेल आयात कईल सम्भव भइला पर भी भण्डारण करेके क्षमता ना भईला से अभी ट्याङ्र से पेट्रोलियम पदार्थ लियावेके बाध्यता बा”, प्रमुख उपाध्याय कहनी, “आयोजना के काम पुरा भईला के बाद पेट्रोल, डिजेल आ मट्टितेल करके तीन गो पदार्थ के आयात पाइपलाइन से होखी ।” ई आयोजना के काम इहे बरीस के डिसेम्बर तक मे ओराएके आ नयाँ बरीस २०२४ जनवरी से पाइपलाइन से पेट्रोलियम पदार्थ के आयात होखी उ कहनी ।

पाइपलाइन से पेट्रोलियम पदार्थ आयात भईला पर प्राविधिक नोक्सानी शून्य होखेके, ढुवानी भाडा बचत होखेके तथा वातावरणीय प्रदूषण कम करेमे सहजोग पुगेके कार्यालय प्रमुख उपाध्याय के कहनाम बा । ई आयोजना निर्माण पुरा भईला सँगे अमलेखगञ्ज डिपो मे डिजेल के भण्डारण क्षमता २४ हजार आठ सय ४० किलोलिटर आ पेट्रोल के भण्डारण क्षमता १६ हजार छ सय ३० किलोलिटर पुगी । नब्बे दिन के खातिर इन्धन भण्डारण करेवाला सरकार के नीति मुताविक नेपाल आयत निगम आउर पाँच÷पाँच हजार किलोलिटर क्षमता के दु गो ट्याङ्क निर्माण अगाडि बढावल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।