पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष खातिर प्रेस चौतारी तिवारी के उम्मेदवार बनवलख

वीरगंज ०७ चईत

प्रेस चौतारी नेपाल पर्सा के आजु जिल्ला भेला के साथे उम्मेदवारी घोषणा कईले बा ।

वीरगंज स्थित रोयल पार्टी पैलेस मे भईल भेला से नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के आसन्न निर्वाचन मे चौतारी से अध्यक्ष पद मे अनुप तिवारी के नाम घोषणा कईले बा । नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश उपाध्यक्ष केसी लामिछाने चौतारी से शाखा अध्यक्ष पद मे तिवारी के नाम घोषणा कईले रहनी ।

प्रेस चौतारी आ नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि प्रेस काउन्सिल नेपाल के सदस्य एवम चौतारी के प्रदेश इन्चार्ज लालबाबु शेख, पत्रकारलोग महेश दास, गया यादव, लक्ष्मी खरेल, महेश गौत्तम, सुर्दशनराज पाण्डे, विजय कुशवाहा लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

एकरा से पहिले प्रेस संगठन नेपाल पर्सा राघव साह आ नेपाल प्रेस युनियन रितेस त्रिपाठी के नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष मे उम्मेदवारी घोषणा कर चुकल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।