वीरगंज महानगर प्रमुख सरावगीद्वारा महानगर के अनेकन क्षेत्र के अनुगमन

वीरगंज ०८ चईत
वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी महानगर के अनेकन क्षेत्रसब के स्थलगत अनुगमन निरीक्षण करके समस्यासब के बारे मे जानकारी लेहले बानी ।
महानगर प्रमुख सरावगी आपन नियमित कार्जक्रम अन्र्तगत महानगर के अनेकन क्षेत्र के अनुगमन निरीक्षण कईले बानी । उ आजु महानगरपालिका के वार्ड नम्बर ९ मे अनुगमन करके अनेकन समस्यासब के बारे मे जानकारी लेहले बानी ।
अनुगमन के समय मे नगरक्षेत्र मे जथाभावी फुहर बिगल मिलल आ ओकरा के व्यावस्थापन करे खातिर निर्देशन देहनी ।
उ वार्ड नम्बर ९ के ढलनाला खाली जगहा मे राखल फुहर व्यावस्थापन के खातिर सम्बन्धित निकाय के सचेत करवनी । एहितरे महानगर प्रमुख सरावगी आजु वार्ड नम्बर १८ भवानीपुर मे रहल विद्यालय आ स्वास्थ्य चौकी मे भी अनुगमन निरीक्षण कईले बानी ।
अनुगमन के समय मे उ विद्यालयसब समय मे खुलेला, नाखुलेला, पठनपाठन नियमित बा कि ना ? स्वास्थ्य चौकी से स्वास्थ्य सेवासब सहज तरिका से मिलत बा कि ना कहके बारेमे जानकारी भी लेहले रहनी ।





