जङ्गली अर्ना के आक्रमण मे पर के एक जने गम्भीर घायल

मेघराज राय

जिराभवानी ११ चईत,
पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका मे जङ्गली अर्ना के आक्रमण से एक जने जनानी गम्भीर घायल भईल बाडी । पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका २ गादी चाफी के ६० बरीस के तुलमाया आलेमगर गम्भीर घायल भईल बानी ।

गाँव के किनार के जंगल मे घाँस काटे गईल अवस्था मे उनका के आजु सबेरे अर्ना आक्रमण कईल वार्ड अध्यक्ष विजय गैरे जानकारी देहनी । ‘घाँस काटे खातिर तीन÷चार जने गाँव लगेके जङ्गल मे गईल रहलन आ उहे समय मे तुलमाया के अर्ना आक्रमण कईले रहे ।

घायल के ईलाज के खातिर एम्बुलेन्स मे राख के वीरगंज पठावल स्थानीय मुस्कान मिया बतवनी । अर्ना चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज से पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज ओरी आईल हो सकेके अनुमान स्थानीय कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।