मास्क ना पहिनेवाला उपर कारवाही करेके निर्णय

प्रभु यादव
बारा ११ चईत
जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा जिल्ला मे मास्क ना पहिनेवाला उपर संक्रामक रोग ऐन बमोजिम कारवाही करेके जनवले बा ।
आजु बईठल जिल्लास्तरीय कोभिड–१९ संकट व्यवस्थापन समिति उ निर्णय कईले बा । भारत मे कोरोना भाइरस के संक्रमण आ मृत्यु दर बढला के बाद सिमा नाका नजिक रहला से बारा मे सतर्कता अपनावल गईल बा ।
बईठक से सक्रमण के सम्भावना के मध्यनजर करके पहिले सञ्चालन मे आईल क्वारेन्टिन, आइसोलेशन केन्द्र के तईयारी अवस्था मे राख के स्वास्थय केन्द्रसब से प्रदान करेवाला सेवा के आउर प्रभावकारी बनावे खातिर जरुरी तईयारी करेके निर्णय कईले बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा द्वारा जारी बिज्ञप्ति मे “कोभिड –१९ संक्रमण आउर फईले ना देवे खातिर विद्युतीय माध्यम से चेतनामुलक सन्देश प्रशारण करेके आ स्वास्थ्य परीक्षण कराके संक्रमण के अवस्था पहिचान करेके” उल्लेख कईल बा ।
साथे सिमानाका से आवेवाला यात्रुलोग के आवतजावत के व्यवस्थित करके अनिवार्य रुप मे अभिलेख राखेके आ नेपाल प्रवेश करेवाला यात्रुलोग के अनिवार्य रुप मे स्वास्थ्य परीक्षण कराके मात्र प्रवेश करे देवेके कोभिड–१९ संकट व्यवस्थापन समिति निर्णय कईले बा ।
प्रशासन स्वास्थ्य मापदण्ड पालना करे करावे खातिर कडाई करेके जानकारी करावल गईल बा ।






