वीरगंज मे भी विश्व क्षयरोग दिवस मनावल गईल

वीरगंज ११ चईत
विश्व क्षयरोग दिवस २०२१ के अवसर मे जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय पर्सा बतकही कार्जक्रम पुरा कईले बा ।
कार्जक्रम मे जनस्वास्थ्य अधिकृत बालकिशोर यादव पर्सा मे अभी भी ५० प्रतिशत क्षयरोग के मरेजीलोग सम्पर्क मे ना आईल बतवले बाडन । आर्थिक बरीस २०७६÷७७ मे पर्सा जिल्ला मे ८ सय ४२ जने नयाँ क्षयरोग के मरेजी मिलला पर भी अभी भी ५० प्रतिशत से बेसी क्षयरोग के मरेजीलोग समाज मे लुकाके रहत आईल बतवनी ।
खासकरके पर्सा के निर्मलवस्ती, बागवाना आ मधुवन मथवल मे क्षयरोग के मरेजीलोग रहल जानकारी अईला के बाद उहाँ चिकित्सक हि खटाके शंकास्पद देखल गईल आदमी के खकार संकलन करके चेकजाँच करेके काम के तेजी देहल गईल उ बतवनी ।
उ आर्थिक बरीस २०७६÷७७ मे मिलल ८ सय ४२ गो केससब मेसे खकार परीक्षण से पत्ता लागल ४ सय ४ जने, अनेकन चिकित्सकलोग पत्ता लगावल १ सय ३१ जने, देह के अनेकन भाग मे क्षयरोग पुष्टि भईल ३ सय ६ जने आ अपुरा दवाई खाईल ३७ जने रहल बाडन । जउना मेसे ५० जने के मृत्यु भईल भी उ बतवनी ।
जनचेतना के कमी, वायू प्रदूषण तथा सूर्तिजन्य पदार्थ मे काम करेवाला गरीब, असहाय परिवार के बुढलोग के क्षयरोग देखाई देवेके आ एकर मृत्युदर भी भयावह स्थिति रहल कहत ई बेमारी के बारेमे बेसी से बेसी जनचेतना जगावेके जरुरत रहल बतवनी ।
सन् २०५० तक मे विश्व के तथा २०३५ तक मे नेपाल के क्षयरोग मुक्त बनावे के नेपाल सरकार से लेहल लक्ष्य के पुरा करे खातिर चौतर्फी सहजोग के जरुरत रहल कहत अधिृकत यादव क्षयरोग के चलते देश मे एक बरीस मे ५ हजार ५ सय मरेजीलोग के मृत्यु हो रहल तथ्यांक देखवले बा ।
जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के प्रमुख कामेश्वर प्रसाद चौरसिया के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे जनस्वास्थ्य के कर्मचारी एवं पर्सेली सञ्चारकर्मीलोग के सहभागीता रहल रहे ।
उहे कार्जइक्रम मे क्षयरोग से मुक्त भईल अन्दाजी ५५ बरीस के आशा लामा घिसिङ्ग के दोसल्ला ओढा के सम्मान कईल रहे ।





