‘पुष्पलाल के सपना पुरा करेके रास्ता मे सरकार’ : प्रम ओली

काठमाण्डु, ७ सावन
प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली पुष्पलाल के सपना साकार करेके रास्ता मे सरकार से महत्वपूर्ण काम कईल बतवले बानी ।
नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी के संस्थापक महासचिव पुष्पलाल के ४२ वाँ स्मृति दिवस के अवसर मे श्रद्धाञ्जलि व्यक्त करत उ अभी के नेकपा के सरकार समानता आ समृद्धि के खातिर अगाडि बढ रहल बतवले बानी ।
उ पार्टी के बरियार बनावत देश के समृद्ध आ नागरिक के सुखी बनावे खातिर ई समय हमनी एकताबद्ध होके अगाडि बढल जरुरी रहला मे जोड देहले बानी ।
‘‘विभाजित कम्युनिष्ट आन्दोलन एकताबद्ध, राष्ट्रव्यापी आ मजबुत भईल बा ।
पार्टी से करीब दु तिहाइ बहुमत के साथ प्रमुख स्थान हासिल कईले बा”, कहत उ, “पुष्पलाल के जउन साङ्गठनिक राजनीतिक चाहना रहे, उ आजु हमनी बहुते हद तक पूरा कईले बानी ।”
प्रधानमन्त्री ओली पुष्पलाल के अगुवाइ मे कम्युनिष्ट आन्दोलन के संस्थागत सुरुवात, समाज के तत्कालीन अवस्था के गहिरो विश्लेषण, नेपाली समाज आ राजनीति के मार्गदर्शन करेके विचार, दर्शन आ सङ्गठन के स्थापना भईल उल्लेख कईले बानी ।
‘‘विचार के हिसाब से नेपाल कउन अवस्था मे बा, नेपाल मे का करेके चाहिं आ कईसे अगाडि बढेके कहके व्यवस्थित वैचारिक मार्गदर्शन अगाडि बढावत पुष्पलाल सामन्तवाद के अन्त्य आ गणतन्त्र के स्थापना के राजनीतिक उद्देश्य बनवनी”, श्रद्धाञ्जलि वक्तव्य मे कहल बा, “पार्टी के सामाजिक न्याय, समानता आ देशभक्तिपूर्ण आन्दोलन के पर्याय के रुप मे अगाडि बढवनी ।”
उ कहनी कि, “वाम–लोकतान्त्रिक आन्दोलन आ रुपान्तरण के व्यवस्थित विचार मे पुष्पलाल से समकालीन नेतालोग मेसे आउर केहु के तुलना होखे ना सकि, चाहे उ कउनो राजनीतिक धार के होखस ।
ई नेपाल के वाम लोकतान्त्रिक आन्दोलन मे पुष्पलाल के श्रेष्ठ पक्ष ह ।”
प्रधानमन्त्री ओली आजु के पुस्ता के आपन जीवन मे समृद्धि सहित के समानता हासिल करके पुष्पलाल के योगदान स्मरण करे खातिर आह्वान भी कईले बानी ।






