मृत अवस्था मे युवती के लास मिलल

मेवालाल यादव

रौतहट १२ चईत,

रौतहट मे मृत अवस्था मे एक युवनी के लास मिलल बा ।

यमुनामाई गाँवपालिका वार्ड नं.५ झुनखुनुवा से पुर्व दक्षिण राजदेवी न पा के वार्ड नं १ मोतीपुर टोल से पश्चिम तथा राजपुर न.पा. वार्ड नं १ पिपरा टोल से पुर्व चौर मे रहल सुन्दर साह के खेत मे नामथर वतन ना खुलल अन्दाजी २४÷२५ बरीस के जनानी के भुस के आगी मे आधा जरल अवस्था मे लास मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रवक्ता डिएसपी भरत श्रेष्ठ जानकारी देहनी ।

घट्ना सम्बन्ध मे आउर अनुसन्धान हो रहला से लास के सनाखत होखे ना सकल आ पहिचान करे सकेवाला आदमीसब जिल्ला प्रहरी कार्यालय, रौतहट के मोबाईल नं.९८५५०४०९९९, १०० मे सम्पर्क करेके भा उपस्थित होके सनाखत करावे खातिर भी डिएसपी श्रेष्ठ निहोरा कईले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।