पोखरिया–९ मे सञ्चालित एक महिने सिलाई कटाई तालिम के बितल

पोखरिया–९ मे सञ्चालित एक महिने सिलाई कटाई तालिम के बितल

वीरगंज ०४ चईत

रुरल स्किल डेभलपमेन्ट सेन्टर प्रा.लि के आयोजना आ पोखरिया नगरपालिका के सहजोग मे पोखरिया नगरपालिका वार्ड नं ९ सेमरबारी मे संचालित १ महिने सिलाई कटाई तालिम एतवार के दिने बितल बा ।

नगरपालिका के वार्ड नं.३, ६, ७, ८, ९, १० के जनानीलोग के खातिर संचालन कईल जनावल गईल बा । कार्जक्रम के समापन के अवसर मे उपमेयर रुबी ठाकुर जनानीलोग अईसे सिखल सीप के जीवन उपयोगी बनावत आर्थिक रुपान्तरण करे सके खातिर सुझाव देहले रहनी । पोखरिया के जनानीलोग के आत्मनिर्भर बनावेके उद्देश्य से समय समय मे अईसन तालिम आयोजना करत आईल बतवनी । एक महिने सिलाई कटाई तालिम के सहभागी १२ जने के पोखरिया नगरपालिकाके उप प्रमुख रुबी ठाकुर प्रमाणपत्र तथा सिलाई कटाई मेसिन देहले रहनी ।

वार्ड नं.९ के वार्ड अध्यक्ष नौसाद आलम के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे सामाजिक शाखा प्रमुख वाल्मीकि साह, सहायक नरेन्द्र साह, प्रशासन प्रमुख सन्जय पानडे, नेकपा एमाले नगर अध्यक्ष बिन्धाचल ठाकुर, बिजय झा, निरज ठाकुर, नेता मनोज चौहान, रामअयोध्या कुर्मी, पारस ठाकुर, शिक्षक बिन्दा देबी चौरसिया, कार्यपालिका सदस्य, वार्ड सदस्य लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।