बारा मे मरल अवस्था मेम चितुवा के बच्चा मिलल

बारा १२ चईत,

बारा के महागढीमाई नगरपालिका–२ मे चितुवा के बच्चा मृत अवस्था मे मिलल बा ।

कलैया बरियारपुर सडकखण्ड मे स्वास्थानी पेट्रोल पम्प से १ सय मिटर पूर्व चितुवा के बच्चा मृत मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।

चितुवा के बच्चा ६ महिना के रहल अनुमान कईल बा । बियफे के दिने सबेरे पुलीस के चितुवा के बच्चा मृत मिलल खबर आईल रहे । ओकरा बाद पुलीस चौकी बरियारपुर आ वन कार्यालय कलैया से कर्मचारी सहित के टोली चितुवा मिलल जगहा मे पुगल रहे ।

चितुवा के बच्चा के मृत्यु कईसे भईल कहके बारेमे अनुसन्धान हो रहल प्रहरी नायब उपरीक्षक मिश्र बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।