नारायणी अस्पताल के पुर्व मेसु प्रधान मेडिकल काउन्सिल के सदस्य मे नियुक्त

नारायणी अस्पताल के पुर्व मेसु प्रधान मेडिकल काउन्सिल के सदस्य मे नियुक्त

वीरगंज २५ जेठ

वरिष्ठ मुटु रोग विशेषज्ञ डा. विरेन्द्र बहादुर प्रधान नेपाल मेडिकल काउन्सिल के सदस्य पद मे नियुक्ति भईल बानी ।
नेपाल सरकार खाली रहल सदस्य पद मे डा. प्रधान के मन्त्रीपरिषद् से बियफे के दिने नियुक्ती कईले बा । नारायणी अस्पताल वीरगंज के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट रहल समय नारायणी अस्पताल के सेवा विस्तार करेमे बडका भुमिका खेलल कहत डा. प्रधान के बियफे के दिने बईठल मन्त्रिपरिषद् से नेपाल सरकार के स्वामित्व मे रहल नेपाल मेडिकल काउन्सिल के सदस्य पद मे नियुक्ति कईले बा ।
सरकार देशभर से आपन दक्षता तथा काम के मुल्यांकन के आधार मे सदस्य पद मे ६ जने के नियुक्ती कईले बा । डा. प्रधान नारायणी अस्पताल मे रहल समय जेष्ठ नागरिक वार्ड, डाइलायसिस थप, आइसियु वार्ड स्थापना, सिटि स्क्यान, पिआइसियु, फार्मेसी, आक्सिजन भवन, एनआइसि विस्तार, एमआर भवन निर्माण, ओपिडि काउन्टर, इमर्जेन्सी विस्तार क्याटल्याप लगायत के सेवा विस्तार कईले रहनी ।
वरिष्ठ मुटु रोग विशेषज्ञ डा. प्रधान के नेपाल सरकार नेपाल मेडिकल काउन्सिल के सदस्य पद मे नियुक्ति कईला मे वीरगंजबासी के खातिर गर्व के विषय भईल नारायणी अस्पताल के फिजिसियन डा. उदयनारायण सिंह बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।