तराई हस्पिटल के लापरवाही से युवक के मृत्यु भईल कहत बिरोध प्रदर्शन

वीरगंज १२ चईत

हस्पिटल के लापरवाही से युवक के मृत्यु भईल कहत आफन्तजन प्रदर्शन कईले बाडन । बीरगंज स्थित तराई हस्पिटल के गैरजिम्मेवारी के चलते मरेजी के मृत्यु भईल आरोप लगावत आजु आक्रोशित आफन्तजन अस्पताल मे ईटापथल चलाके तोडफोड सहित प्रदर्शन कईले बाडन ।

आजु दिन के वीरगंज स्थित बहुअरी चौक मे ना ३ ख ३९९२ नम्बर के कन्टेनर ना ४३ प ५८३४ नम्बर के मोटरसाईकल के ठोकरा देहले रहे । कन्टेनर के ठोकर से मोटरसाइकल मे सवार वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २० हरपतगंज निवासी २५ बरीस के आसेस प्रसाद यादव आ पहिचान ना खुलल मोटरसाइकल चालक घायल भईल रहलन ।

घायल मेसे गम्भिर घायल आसेस यादव के ईलाज के खातिर तराई हस्पिटल भर्ना कईल रहे । ईलाज मे संलगन चिकित्सक घायल आसेस के एक्सरे कराके आवे खातिर लिखले रहलन । एक्सरे के खातिर शुल्क तिरेके पईसा ना भईला से अस्पताल एक्सरे ना कईलख । एक्सरे करेके ना मानला के बाद ईलाज मे देरी भईला के चलते मरेजी के मृत्यु भईल आक्रोशित मृतक के आफन्तजन बतवले बाडन ।

ईलाज के खातिर अस्पताल भर्ना कईल आसेस के सर्जरी के बाद एक्सरे करेके पडि कहत अस्पताल के कर्मचारीलोग पईसा जम्मा करे खातिर परिवारजन के दबाब देहल मृतक के भाई सरोज यादव बतवनी ।

“हमरा लग अभी पईसा नइखे, दिन के ४ बजे तक पईसा जम्मा करेम, ईलाज करीलोगन” मृतक के भाई सरोज कहनी, “अस्पताल के कर्मचारी ओईसे ना होखी कहत एक्सरे रुम मे लेजाके भाई के छोड देहलन ।”

मृतक के भाई के मुताविक पईसा जम्मा ना कईला के चलते सभी स्वास्थ्यकर्मीलोग घायल भाई के एक्सरे रुम मे अकेले छोडले रहलन । एक्सरे रुम मे छोडल कुछ समय के बाद देखे गईला पर भाई के मृत्यु हो चुकल रहे बतवलन ।

पईसा ना देहला के चलते ईलाज मे देरी कईला पर मरेजी के मृत्यु भईल उनकर आफन्तजनलोग के आरोप बा ।

घायल मरेजी के मृत्यु भईल आफन्तजन के जानकारी मिलला के बाद अस्पताल प्रशासन विरुद्ध नाराबाजी करत ईटापथल भी चलवले रहलन । पिडित पक्ष के ईटापथल चलईला से अस्पताल के कुछ झाल के सिसासब भी फुटल बा ।

अस्पताल पुगल पुलीस अस्पताल प्रशासन के कुछ कर्मचारी के नियन्त्रण मे लेके जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे लेगईल रहे । ओकरा बाद मृतक के आफन्तजन भी अस्पताल से प्रदर्शन करत जिल्ला प्रहरी कार्यालय पुगल रहलन ।

समाचार तइयार करे तक जिल्ला प्रहरी मे अस्पताल प्रशासन आ पिडित परिवार बीच वार्ता सफल होखे ना सकल जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।