बारा मे ४८६ बोरा अखाद्य दाल मे आगी लगावल गईल

बारा ०५ भादो

बारा जिल्ला मे राहत के नाम मे बाँटे लागल ४ सय ८६ बोरा अखाद्य दाल नोक्सान कईल बा । कलैया उपमहानगरपालिका–१४ बघवन टोलस्थित पसाह नदी के पश्चिम किनार मे जरा के नोक्सान कईल गईल बा ।

अखाद्य दाल सार्वजनिक स्थल मे वातावरण प्रदूषण ना होखेवाला किसिम से खान्ता खोन के जरावेके आ फेनु माटी से भर के नोक्सान करेके कहके जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा बितल वैशाख १२ गते कईल आदेश मुताविक नोक्सान कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायव उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।

सरकार कोरोना संक्रमण फईले से रोकेके उद्देश्य से बितल २०७६ चईत ११ गते से सुरु कईल लकडाउन के चलते समस्या मे पडललोग के राहत के रुप मे वितरण कईल दाल सडल आ किरा पडल मिलल रहे ।

कलैया उपमहानगरपालिका आ अनेकन वार्डसब से बाँटल ओईसन अखाद्य दाल पुलीस बरामद कईले रहे ।

साथे अखाद्य दाल वितरण करेवाला कलैया उपमहानगरपालिका के नगर प्रमुख राजेश राय यादव, दाल बेंचेवाला व्यापारी सहित ११ जने विरुद्ध मुद्दा दायर कईल रहे । वैशाख १० गते जिल्ला प्रशासन कार्यालय से माग कईल धरौटी रकम बुझा के उलोग छुटल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।