लिलगाय जनावर के नियन्त्रण करे खातिर मन्त्री के ज्ञापनपत्र बुझावल गईल

मेवालाल यादव
रौतहट १८ चईत
प्रदेश नम्बर २ के आन्तरिक कानून मन्त्री के रौतहट के समाजिक अभियन्तालोग किसान से रोपल अन्नबाली लिलगाय जनावर नोक्सान करत अईला मे ओकरा के नियन्त्रण करे खातिर आजु ज्ञापनपत्र बुझवले बाडन ।
वितल कुछ बरीस से ग्रामीण भेग मे कृषि कार्य खेती किसान काम के प्रत्यक्ष रुप से क्षतिपूर्ण काम एक किसिम “गोडा गदहा” लिलगाय कहेवाला जनावर से होत आईल बात जानकारी करावे खातिर पत्र मे उल्लेख कईल बा ।
अभी रौतहट लगायत प्रदेश के सभी जिल्लासब मे नदी किनार, फूलबारी, ऊँख खेती लगायत के लुकाए सकेवाला जगहा मे सयो के संख्या मे रहल गोडगदहासब किसान से रोपल गेहु, मसुरी, धनिया, धान, रहडी लगायत आम के गाछि भी काट के नोक्सान कर रहला पर भी मेहनत आ घर के लगानी से कईल खेतिपाती नोक्सान होत आईला से किसानललोग समस्या मे पडल बाडन ।
तसर्थ ओकरा के नियन्त्रण करे खातिर सरकारी स्तर मे कानून निर्माण करके किसान के बरीसो से समस्या समाधान मे पहल करे खातिर ज्ञापनपत्र मे उलेख कईल बा ।
ज्ञापनपत्र मे रौतहट से जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के केन्द्रिय सदस्य रेवन्ता झा, बिन्देश्वर यादव, सन्जय चौधरी (धनुषा), देवाही गोनही नगरपालिका रौतहट के मेयर धर्मेन्द्र पटेल एवं राजेश पटेल (जसपा सर्लाही) के संयुक्त हस्ताक्षर कईल बा ।






