गढीमाई नगरपालिका वार्ड नं.७ धर्मपुर मे नेका के पार्टी प्रवेश कार्जक्रम

मेवालाल यादव
रौतहट १८ चईत
रौतहट जिल्ला के गढीमाई नगरपालिका वार्ड नं.७ धर्मपुर मे आयोजना कईल पार्टी प्रवेश कार्जक्रम मे अनेकन पार्टी परित्याग करके दु सय पचास सय से बेसी नेता तथा कार्यकर्ता नेपाली कांग्रेस मे पार्टी प्रवेश कईले बाडन ।
गढीमई नगरपालिका के नेपाली कांग्रेस वार्ड कार्य समिति से आजु राखल शुभकामना आदान प्रदान तथा पार्टी प्रवेश कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि रौतहट जिल्ला के नेपाली कांग्रेस के जिल्ला सभापति कृष्णा प्रसाद यादव, गढीमाई नगरपालिका के नगर प्रमुख श्याम प्रसाद यादव, नगर उप प्रमुख सुभद्रा देवी गुप्ता, वार्ड नं. ६ के वार्ड अध्यक्ष रामसिहासन यादव, वार्ड नं. ७ के वार्ड अध्यक्ष जुवेर अंसारी, अपाङ्ग लोकतान्त्रिक के अध्यक्ष नितेश कुमार गुप्ता आ क्षेत्र नं १ नेपाली कांग्रेस के विधायक प्रत्यासी गजेन्द्र यादव, प्रत्यासी विधायक राजेश चौधरी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
जनता के प्रत्यक्ष रूप मे सम्मान हकहित के खातिर लड़ई लडत आईल एक मात्र नेपाली कांग्रेस पार्टी रहल नगर प्रमुख यादव बतवले बानी । २० बरीस जनप्रतिनिधी विहिन रहला के चलते देश मे विकास के गति कमजोर रहल २०७४ साल से कार्यभार सम्हारके नगर के हरेक जगहा मे विकास के गति से जोर देहल नगर प्रमुख यादव बतवनी ।
एहितरे सभापति यादव देश के कर्णधार यूवा के विशेष धन्यवाद देत दु तिहाई रहल सत्तारूढ नेकपा के घेराबन्दी मे जनता रहल बतवनी । नेपाली कांग्रेस के अवधरणा मुताविक स्वास्थ्य चौकी, विद्यालय, शहर आ सडक के मैप मे काम हो रहल सभापति यादव बतवले बाडन । नेपाल के प्रकृति सम्पती पहाड, जल, जंगल, झिल आ ताल उपर नेपाली कांग्रेस के विशेष ध्यान रहल बतवले बानी । नेपाली नागरिक के हत्या करके माओवादी पार्टी अभी अनेकन जगहा के मन्त्री रहल बाडन ।
अपाङ्ग नेता गुप्ता लोकतन्त्र कमजोर रहल बतवनी । गुप्ता क्षेत्र नं १ के सांसद अनिल झा भ्रष्टाचार कईल अरोप लगवले बानी । अनेकन पार्टी छोड के आईल नव प्रवेशीलोग के पुर्व माननीय आ नेपाली कांग्रेस के रौतहट जिल्ला के जिल्ला सभापति कृष्ण प्रसाद यादव आ नगर प्रमुख श्याम प्रसाद यादव टिका आ फूलमाला पहिन के सम्मान कईले बा ।
उ कार्जक्रम समाप्त के बाद श्री माध्यमिक विद्यालय धनाडी धर्मपुर मे नगर प्रमुख यादव प्रतिवद्धता अनुकुल चार कोठरी भवन के शिलन्यास कईले बानी । पशुपति निर्माण सेवा द्वारा ५० लाख के टेन्डर मे उ भवन निर्माण होखेवाला भईल बा ।





