रक्वेस्ट फर्मास्युटिकल्स विज्ञान प्रयोगशाला खातिर सहजोग कइनी

मेवालाल यादव

रौतहट २८ माघ

रक्वेस्ट फर्मास्युटिकल्स प्रा.लि.के आर्थिक तथा प्राविधिक सहजोग मे निर्मित विज्ञान प्रयोगशाला समुदघाटन तथा हस्तान्तरण कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि प्रमुख जिल्ला अधिकारी ईन्द्रदेव यादव शिक्षा के गुणस्तर मे सभी के सहजोग के अपेक्षा रहल बतवले बानी ।

आजु श्री नेमधारी वासुदेव नमूना माध्यमिक बिद्यालय राजदेवी नगरपालिका ७ मुड्वालवा मे आयोजना कईल कार्जक्रम के उदघाटन करत प्रमुख जिल्ला अधिकारी यादव नेपाल सरकार माध्यमिक शिक्षा के अनिवार्य आ निःशुल्क शिक्षा से केहु भी बन्चित होखेके ना पडो कहके उदेश्य मे सभी के साथ देवेके बात मे जोड देहनी ।

बिद्यालय ब्यबस्थापन समिति के अध्यक्ष रामेश्वर प्रसाद यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे समाजसेवी एवं ने.क.पा. रौतहट के नेता राजकिशोर प्रसाद यादव, क्वेस्ट फर्मास्युटिकल्स के मैनेजर अनिल प्रसाद जयसवाल खुद से अध्यन कईल बिद्यालय के करिब ७ लाख मुल्य बराबर के बिज्ञान प्रयोगशाला सामान प्रमुख जिल्ला अधिकारी मार्फत हस्तान्तरण करावेके मिलला पर खुद के गर्व लागल बतवले बानी ।

सामुदघाटण तथा हस्तान्तरण कार्जक्रम के स्वागत भाषण बिद्यालय के प्रधानाध्यापक रबि यादव कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।