सदस्यता के खातिर आन्दोलनरत्त रौतहट के क्रियाशील पत्रकारलोग करिया पट्टी बान्हके जनवलें बिरोध

मेवालाल यादव
रौतहट १८ चईत
सदस्यता देवेके माग करत रौतहट के क्रियाशील पत्रकारलोग आजु हाथ मे करियापटी बान्हके विरोध कईले बाडन ।
सदस्यता वितरण मे नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा से विभेद कईल कहत आन्दोलनरत रौतहट के त्रियाशील पत्रकारलोग आजु हाथ मे करियापटी बान्हके विरोध जनवले बाडन ।
नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा के अगाडि महासंघ के विरुद्ध शान्तिपुर्ण धर्ना मे बईठल त्रियाशील पत्रकारलोग आजु करियापटी बान्हके विरोध जनवले बाडन ।
नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट जिल्ला के क्रियाशील पत्रकारलोग के सदस्यता से बञ्चित कईल कहत क्रियाशील पत्रकारलोग दुसरका चरण के आन्दोलन अन्तर्गत वितल कुछ दिन से लगातार धर्ना मे रहल बाडन ।
महासंघ के पदाधिकारीलोग चुनाव जितेमे सक्रिय पत्रकारलोग के पाखा लगावत पत्रकारीता क्षेत्र से बाहर के आपन आसेपासे आ लगेके आदमी के सदस्यता से बेर बेर सिफारीस कईल कहत क्रियाशील पत्रकारलोग आन्दोलन मे उतरल बाडन ।
पहिलका चरण के आन्दोलन अन्तर्गत महासंघ के कार्यालय गौर मे तालाबन्दी कईल क्रियाशील पत्रकारलोग कुछ दिन से धर्ना देत आईल बाडन । जिल्ला के अनेकन सञ्चारमाध्यम, पत्रपत्रिका, अनलाईन, टिभि मे आवद्ध क्रियाशील पत्रकारलोग के पत्रकार महासंघ रौतहट सदस्याता देवे से आलटाल करत आईल बा जउना के चलते बाध्य होके सक्रिय पत्रकारलोग महासंघ के विरुद्ध चरणवद्ध आन्दोलन मे उतरल बाडन ।
क्रियाशिल पत्रकारलोग के पाखा लगाके गैरपत्रकारलोग के सदस्यता वितरण कईल, श्रमजीवी पत्रकारलोग के हकहित के खातिर काम करेके स्वच्छ रुप मे पत्रकारलोग के साझा संगठन के रुप मे महासंघ के स्थापित करेके आ सक्रिय पत्रकारलोग के सदस्यता दिलावेके लगायत के माग सहित इहाँ के पत्रकारलोग आन्दोलन मे उतरल बाडन ।
खुदसब के माग पूरा ना होखे तक आन्दोलन जारी हि रहेके क्रियाशील पत्रकारलोग बतवले बाडन । आवेवाला चईत २२ गते तक महासंघ खुदसब के माग पुरा करे खातिर कउनो ठोस बात भा जवाफ ना देहला पर बडका मुल्य चुकावेके चेतावनी क्रियाशील पत्रकारलोग देहले बाडन ।






