९ वरीस से फरार कर्तव्य ज्यान मुद्दा के प्रतिवादी पकडईलें

प्रभु यादव

बारा १७ भादो

२०६९ साल जेठ महिना १७ गते सझिया के ६ ः०० बजे से बेपत्ता भईल कर्तव्य ज्यान मुद्दा के प्रतिवादी पकडाईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

जिल्ला बारा कोल्हवी न.पा.वडा नं. १ के १८ बरीस के अजय चौधरी के २०६९ जेष्ठ २२ गते बिहनिया के समय मे नहर मे कर्तव्य कर के फेकल अवस्था मे मृतक के लास मिलल रहे प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बा ।

कर्तव्य ज्यान मुद्दा मे फरार रहल कोल्हवी नगरपालिका वार्ड नम्वर १ के ३६ बरीस के अनिल कुमार चौधरी के जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा से खटिल प्रहरी टोली मगर के दिन लुकाछिपा के रहल अवस्था मे पकडल गईल प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।

पकडाइल चौधरी के बारा जिल्ला अदालत मे पहिलका बेर दिन ५ के म्याद अनुमति लेके प्रहरी हिरासत मे राख के थप अनुसन्धान होरहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।