बजार क्षेत्र मे शान्ति सुरक्षा के मजबुत बनावे खातिर सिसि क्यामरा जोडल गईल

मेवालाल यादव
रौतहट १९ चईत
रौतहट के परोह नगरपालिका वार्ड नं ४ लौकाहा बजार मे रहल अस्थायी प्रहरी पोष्ट लौकाहा के बजार शान्ति सुरक्षा के मजबुत बनावे के उदेश्य से हुलाकी राजमार्ग, सहायक राजमार्गसब, बजार एरिया के अनेकन ८ जगहासब मे सी सी क्यामरा जडान कईल बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के बार्षिक कार्य योजना मुताविक जडान तथा बिस्तार योजना अन्तर्गत आजु सबेरे ९ बजे के समय मे उ सिसि क्यामरा के उदघाटन कईल गईल बा ।
प्रत्यक्ष निगरानी तथा मोनिटर करे खातिर पुलीस पोष्ट मे ४२ इन्च के सी सी टी भि स्किन उदघाटन कार्जक्रम के अध्यक्षता नगर प्रमुख शेख वकिल कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि प्रमुख जिल्ला अधिकारी इन्द्रदेव यादव, बिशेष अतिथि प्रहरी उपरीक्षक शिद्धी विक्रम शाह, राजपुर नगरपालिका के नगर प्रमुख मो. सकिल अख्तर के रोहवर मे स्थानीय जनप्रतिनिधि, भद्रभलादमी, पत्रकार, बुद्धिजीवी, ब्यापारी समेत के उपस्थिति मे सी सी क्यामरा उदघाटन कईल गईल रहे ।






