स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के जिल्ला स्तरिय वार्षिक समिक्षा गोष्ठि पुरा

वीरगंज २६ कुवार
जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के जिल्ला स्तरिय वार्षिक समिक्षा गोष्ठि आजु पुरा भईल बा ।
स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के सभाहल मे एतवार से सञ्चालित दु दिने समिक्षा गोष्ठि सोमार के दिने पुरा भईल बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि स्वास्थ्य निर्देशनालय प्रदेश नं. २ के स्वास्थ्य प्रशासक मुक्तिनारायण साह बितल बरीस मे भईल अनेकन गतिविधि सन्तोषजनक रहल आ आवेवाला दिन मे भी कोरोना माहामारी के ध्यान मे राखत सुरक्षा सतर्कता अपनावत आपन आपन काम जिम्मेवारी के साथ पुरा करे खातिर सुझाव देहले रहनी ।
कार्जक्रम मे स्वास्थ्य कार्यालय के नवल किशोर साह आ.व. २०७६÷०७७ के वार्षिक कार्यपत्र प्रस्तुत करत खास करके खोप, परिवार नियोजन, पोषण, क्षयरोग, कुष्टरोग लगायत मे विशेष जोड देहल गईल बतवनी ।
उ अवसर मे जनस्वास्थ्य निरिक्षक जयमोद ठाकुर कोरोना महामारी के बीच पर्सा जिल्ला मे भईल गतिविधि के बारे मे कार्यपत्र प्रस्तुत कईले रहनी ।
पर्सा जिल्ला मे रहल १४ गो पालिका के स्वास्थ्य प्रमुखलोग आपन आपन कार्यपत्रसब प्रस्तुत कईले रहनी ।
स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के बरिष्ठ जनस्वास्थ्य अधिकृत कामेश्वर प्रसाद चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे सेभ द चिल्ड्रेन के राजेश साह लगायत अनेकन एनजिओ, आईएनजिओ के ४५ जने के सहभागीता रहल नवल किशोर साह जानकारी देहनी ।






